पर्सा के उँख किसानलोग चलान पुर्जी ना मिलला से चिंता में !

160
पर्सा जिल्ला के उँखके खेती दृश्य

पोखरिया (पर्सा), ९ फागुन

पर्सा के उँख किसानलोग समय पर चालान पुर्जी ना मिलला के कारण पीड़ा में परल बा लोग | पर्सा कृषक के उँख के जिम्मा ले ले रिलायंस चिनिमेल बारा समय पर चालान पुर्जी ना देहला के करते कृषक लोग तकलीफ में बा | महँगा खर्च कर के उँख के खेती कईल कृषक लोग उँख समय पर चिनिमेल ना ली कह के चिंता में परल बा लोग |

कालिकामाई गाऊपालिका भेडिहारी २, गदियानी के कृषक मंसी तेली कहले की हई महंगाई के ज़माना में एतना महंगाई तरीका से उँख के खेती त कर देहनी बाकिर अभिन तकले चिनिमेल चालान पुर्जी ना देहला के कारण उँख खेते में सुख जाई कह के चिंता लागल रहता | पर्सा जिल्ला में उँख के खेती करे खातिर कृषक लोग आकर्षित होते हुवे भी समय पर उँख के खरीददारी चिनिमेल ना कईला के कारण निरास होखे के अवस्था देखल जा रहल बा | अभिन तक उँख कटा जाएके चाहित माकिर चिनिमेल से चलान पुर्जी ना मिलला के करते कृषक लोग उँख नईखे काट सकले |

बीतल साल के जईसन फेरु चिनिमेल के लापरवाही के कारण ही उँख खेत से नईखे कटा सकल कह के आरोप कृषक लोग के बा | फागुन महिना तक उँख ना काट्ला से उँख खेत में सुखजाला आउरी उँख के मनी घाटजाला कह के कृषक लोग बतवले | बारा जिल्ला के खुटी आ मोरहन दुनु कृषक के मेल चालान पुर्जी दे देहले बा माकिर पर्सा जिल्ला के खुटी बाहेक कोई के मेल चालान पुर्जी नइखे देहले कृषक लोग बतवले | पर्सा के कुछ पहुचवाला के आधार पर खुटी आ मोरहन दुनु के चालान पुर्जी मिलल बा अइसन खबर बा | उहे छोट छोट कृषक सभे कोई अभिन तकले चालान पुर्जी से बंचित बा लोग |

 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here