पर्सा के कालिकामाई गाउँपालिका के गंगोल नदी से एक जने महिला के लाश बरामद

वीरगंज, २१ कुवार ।
पर्सा के कालिकामाई गाउँपालिका के गंगोल नदी में एक जने महिला के लाश बरामद भईल बा । आज सबेरे ९ बजे कालिकामाई गापा–४ गङ्गोल खोला में करीब ३५ साल के महिला के लैश मिलल इलाका प्रहरी कार्यालय, पोखरिया के प्रनि दीपक थापा बतवले । लाश के सनाखत नइखे होखे सकल ।
महिला के हात गोड बान्हल, मुह में कुछ ठुसल अवस्था में लाश मिलल थापा जानकारी देहले ।
महिला के लैश पोस्टमार्टम खातिर नारायणी अस्पताल भेजल गईल बा आ घटना के अनुसन्धान हो रहल बा निरीक्षक थापा बतवले ।
महिला के मुह में कुछ वस्तु ठूस के हातगोड बान्हल अवस्था मे देखला से हत्या कईल प्रारम्भिक अनुसन्धान से देखल गईल प्रहरीले जनाकरि करवले बा ।

