पर्सा के ग्रामीण क्षेत्र में बढल कोरोना संक्रमण, पर्सा समेत २७ जने में संक्रमण पुष्टि

वीरगंज, १० कुवार ।
पर्सा, बारा आ रौतहट में अउरी २७ जने में कोरोना भाइरस संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
वीरगञ्ज स्थति नारायणी अस्पताल के प्रयोशाला में कईल परिक्षण अनुसार पर्सा में २३, बारा में ३ आ रौतहट में १ जने कर के अउरी २७ जने में कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
अस्पताल के प्रवक्ता एवम् वरिष्ठ चर्म रोग विशेषज्ञ डाक्टर अतुलेश कुमार चौरसियाले के देहल जानकारी हिसाब से पर्सा, बारा आ रौतहट के अनेकन स्थानीय तह से जम्मा कर के लियाईल १ सय ९२ जने के थ्रोट स्वाब के नमुना के अस्पताल के पिसिआर प्रयोशाला में परिक्षण कइला पर १० महिला सहित संक्रमित भइल बा लोग । संक्रमित में ८ साल के बालक से ले के ७४ साल तक के वृद्ध समेत रहल बा लोग ।
उ पर्सा में सब से बहुती कालिकामाई गाउँपालिका में संक्रमित मिलल बा लोग जानकारी देहले । कालिकामाई गाउँपालिका के वाड नम्बर १ में ही खाली एघार जने संक्रमित बढ़ल बा लोग । ओइसे ही वीरगञ्ज महानगरपालिका के वाड नम्बर ४ में तिन, वाड नम्बर १४ में दु आ वाड नम्बर २, १०, २५ आ २७ में एक/एक जने कर के ९ जने संक्रमित बढ़ल डाक्टर चौरसिया बतवले ।
पर्सा के सखुवापरसौनी गाउँपालिका वाड नम्बर २ आ बहुदरमाई नगरपालिका वाड नम्बर ७ में भी एक/एक जने संक्रमित देखल गईल । पर्सा के १ सय ६६ जने के परिक्षण भईल रहे ।
एने बारा के फेटा गाउँपालिका, बारागढी गाउँपालिका आ परवानीपुर गाउँपालिका के बासिन्दा में भी संक्रमण पुष्टि भईल बा । तिनो पालिका में एक/एक जने संक्रमित भईल लोग डाक्टर चौरसिया जानकारी देहले । रौतहट के एक जने में संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
नयाँ बढ़ल संक्रमित लोग के सिटी भ्यालु १४ से ३४ तक रहल जानकारी देहले ।

