पर्सा के जगरनाथपुर गाउँ पालिका दसौता में लावारिस लाश मिलल

 पर्सा के जगरनाथपुर गाउँ पालिका दसौता में लावारिस लाश मिलल

वीरगंज, २१ कुवार ।

पर्सा जिल्ला के जगरनाथपुर गाउँ पालिका दसौता में लावारिस लाश मिलल बा ।

जगरनाथ पुर गाउँ पालिका २ दसौता के नारायणी नहर में बोरा में कस के फ़ेंकल अवस्था में बहत आइल लगभग ३५/३६ साल के पुरूष नारायणी नहर में मृत अवस्था में मिलल बाड़े ।

नाहर भारत से नेपाल बहला के कारण आ मृत व्यक्ति दशगजा से २०० मीटर पर मिलला से मृत व्यक्ति भारतीय नागरिक हो सकत बाड़े स्थानीय लोग बतवले ।

मृत व्यक्ति के लाश के पोस्ट मार्टम ख़ातिरा वीरगंज के नारायणी अस्पताल में भेजल गईल । मृतक के परिचय आ ठेगाना अभी ले नइखे पता लागे सकल । घटना के बारे में अनुसन्धान हो रहल जानकारी टोला प्रहरी चौकी बतवले बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *