पर्सा के नेकपा सपथ ग्रहण कार्यक्रम में दु गुट बीच मारपीट

वीरगंज ०६ कातिक ।
पर्सा में नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी कर शपथ ग्रहण कार्यक्रम में दु पक्षबीच मारपीट भइल बा । बिहीबार दिन के विन्दबासिनी गाँउपालिका-५ में नेकपा के गाँउपालिका कमिटी के शपथ ग्रहण कार्यक्रम में मारपीट भइल बा।
झडप में आठ जने घायल भइल बाड़े। घायल में से एक जने के अवस्था गम्भीर बा पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता डिएसपी मनोजित कुँवरले जानकारी देहले।
‘पार्टी भितर ही दुई पक्षबीच मारपीट भइल बा । आठ जने में से एक जने के शिर में चोट लागला के कारण अवस्था तनि गम्भीर बा ,’ डिएसपी कुँवरले कहले। उ लोग बीच का कारण से मारपीट भइल अभी ले स्पष्ट नइखे होखे सकल ।
नेकपा प्रदेश २ के सचिव सुमन प्याकुरेल आन्तरिक कारण के चलते मारपीट भइल आ मारपीट के कारण के बारे में हमनी पता लगा रहल बानी कहले ।
‘मधेस के राजनीति में डायनामिक्स बा । यी बात ऊपर के पार्टिगत बात ना हो के उहा के स्थानियगत बिषय बा। पर्सा के साथीलोग हमनी यिहे मिलाएम कहले बा लोग,‘ उ कहले ,‘घटना के प्रशासन आ पार्टी छानबिन करि ।’
गम्भीर घायल होखे में मुकेश चौरासिया बाड़े । उनकर न्युरो अस्पताल में इलाज हो रहल बा ।
डिएसपी कुँवर के अनुसार दोसर ७ जने सामान्य घायल बा लोग । कुछ लोग इलाज के बाद घरे चल गईल बा लोग ।

