पर्सा के पाकहामैनपुर गांवपालिका मदिरा निषेधित क्षेत्र घोषणा

    263
    photo Source : onlinkhabar
    photo Source : onlinkhabar

    वीरगंज, १५ भादो ।

    पर्सा के पाकहामैनपुर गांवपालिका के मदिरा निषेधित क्षेत्र घोषणा करे के निर्णय भइल बा । गांवपालिका मे मदिरा के कारण हिंसा के घाटना बढ़रहल जनता के ओरहन आईला के बाद मदिरा निषेध करे के निर्णय लेहल गईल ।

    जेष्ठ नागरिक के सुरक्षा आ जेष्ठ नागरिक पर होकेवाला अपराध के बारे मे बतकही करे लाय आयोजना काईल कार्यक्रम मे जनप्रतिनिधि एलजी गांवपालिका के मदिरा निषेधित क्षेत्र बनावे के प्रतिबद्धता जनवले लोग ।

    समुदाय प्रहरी साझेदारी कार्यक्रम मे एतवार के दिने आयोजित बतकही कार्यक्रम मे गांवपालिका के अध्यक्ष बीजय कुमार चौरसिया गांवपालिका के मदिरा मुक्त बनावे के घोषणा कईले बाड़े ।

    गांवपालिका के बोर्ड बईठक से पास करा के गाँव मे मदिरा उत्पादन, बिक्री आ सेवन सारा काम पर एके बेर प्रतिबन्ध लगावे के उनकर कहनाम रहल । कुछ समय देहेमसन, ओकरा बाद गांवपालिका मे मदिरा उत्पादन, खरीदबिक्री आ सेवन मे समेत प्रतिबन्ध लगाएम । अध्यक्ष कहले नियम के उलंघन करेवालन के करवाही के ब्यावस्था भी कईल जाई ।

    कार्यक्रम मे सहभागी वाड अध्यक्ष आ कार्यपालिका सदस्य लोग भी निर्णय मे पूर्ण सहमती जाना चुकल बा लोग उनकर कहनाम रहल ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here