पर्सा के लंगडी में मलेसिया से बाकस में आईल लास

    2130

    वीरगंज २२ माघ,

    नेपाल में नोकरी मिलल सहज ना भइला के चलते नेपाली नागरिक हरेक दिन सैकड़ो के संख्या में खाड़ी देश लगायत विदेश जाए प बाध्य बाड़न । विदेश में जाके नेपाली नागरिक आपन घर परिवार चला त रहल बाड़न माकिर उहाँ सुरक्षा आ जनधन के कउनो ग्यारेन्टी ना भइला के चलते हरेक दिन एगो ना एगो लास नेपाल आईए रहल बा ।

    एहितरे पर्सा जिल्ला के धोबनी गाँवपालिका वार्ड नं. ४ लंगडी गांव में मंगर के रात के करिब १० बजे मलेशिया से एगो लास आइल बा । उ लास लंगडी गाँव के रहनियार धनिफ मिया जोलहा के २८ बरीस के बेटा भोला मिया जोलहा के रहल बा । जोलहा १० महिना से खाड़ी देश मलेशिया में मास के कारखाना में काम करत रहलन । काम कर के आपन रूम में सुत रहल अवस्था में मृत्यु भईल परिवारिक स्रोत बतवले बा ।

    लास देखे खातिर गाँव के लोग के लागल भीड़

    मलेशिया से आजु लास बकसा में बन्द कर के अईला पर गाँव में  रोवा–रोवट के साथे लोगन में कोहराम मचल बा । मृतक भोला के दाह संस्कार बुध के रात में मुस्लिम परम्परा मुताविक माटी मजहब करेके जानकारी परिवार श्रोत जनवले बा । मलेशिया से आईल लास देखे खातीर बहुते लोगन के भीड़ लागल रहे ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here