पर्सा के २ जने सहित ४ जने में कोरोना संक्रमण पुष्टि

 पर्सा के २ जने सहित ४ जने में कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज, २१ कुवार ।

पर्सा के २ जाने सहित अउरी ४ जने में काेराेना भाइरस (काेभिड १९) संक्रमण पुष्टि भईल ।

वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के प्रयाेगशाला में काल्ह मंगलबार के दिन भईल परिक्षण में पर्सा के २, चितवन आ सपतरी के एक-एक जने में काेराेना संक्रमण पुष्टि भईल अस्पताल के प्रवक्ता डा. अतुलेश कुमार चाैरसिया जानकारी देहले।

प्रवक्ता डा. चाैरसिया के अनुसार संक्रमित होखे में चारु जने पुरुष ही रहल बा लोग । संक्रमित होखे में २४ साल से ले के ४२ साल तक के उमर समुह के रहल बा । उलोग के सिटी भ्यालु २१ से ३१ तक रहल बा ।

पर्सा के जगरनाथपुर गाउँपालिका वाड नं. ५ के ४२ साल के पुरुष आ पाेखरिया नगरपालिका के वाड नं. १ के ३७ साल के पुरुष में संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

ओइसे ही, चितवन के माडी नगरपालिका वाड नं. १ के २४ साल के पुरुष आ सप्तरी के कंचनपुर नगरपालिका वाड नं. १ के ४२ साल के पुरुष संक्रमित भइल बा लोग ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *