पर्सा के ४२ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

 पर्सा के ४२ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज, १२ भादो ।

पर्सा मे आज ४२ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भइल बा । नारायणी अस्पताल वीरगंज के प्रयोगशाला मे बियफे के रात के कईल गइल परीक्षण मे पर्सा मे अउरी ४२ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भइल बा ।

३ सय ८ जने के स्वाब के नमूना परीक्षण कईला पर १७ जने महिला आ ४० जने पुरुष समेत ५७ जने मे संक्रमण पुष्टि भइल नारायणी अस्पताल के प्रवक्ता डा. अतुलेश चौरसिया जानकारी देहले । संक्रमित मे से पर्सा के ४२ जने, बारा के १२ जने, रौतहट के २ जने आ सर्लाही के १ जने रहल बा उ जानकारी करवले ।

प्रवक्ता डा. चौरसिया के हिसाब से पर्सा के कलिकामाइ गांवपालिका वाड नम्बर २ भेड़िहारी के २ जने आ पर्सागढ़ी नगरपालिका – ८ हरपुर के १ जने संक्रमित बा लोग ।

कालिकामाई मे ५० जने के परीक्षण भइल रहे जे मे से २ जने के नतीजा पॉज़िटिव आइल बा । ओइसे ही वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर ११, १२, १३, २७ समेत अउरी वाडन के मे भी संक्रमित लोग मिलल प्रवक्ता डा. चौरसिया जानकारी करवले ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *