पर्सा के ४४ वां खुल्ला पैखाना मुक्त सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका के लखनपुर घोषणा

132
पैख़ाना

पर्सा, २४ चइत  ।
पर्सा के ४४ वां पैख़ाना मुक्त आजु सखुवा प्रसौनी गांवपालिका के वडा नं. ६, लखनपुर के घोषणा कइल गइल बा । वडा स्तरिय खानेपानी, सरसफाई तथा स्वच्छता समन्वय समिति से आयोजना कइल गइल घोषणा सभा के प्रमुख अतिथी समेत रहल गांवपालिका अध्यक्ष प्रदिप जयसवाल से वडा के पैख़ाना मुक्त घोषण कइल गइल ।

घोषणा सभा के बिशिष्ट अतिथी रहल जिल्ला समन्वय समिति, पर्सा के सामाजिक बिकास अधिकृत धर्मराज थापा से वडा वासी लोग के बाहर खुल्ला पैख़ाना, पेसाव ना करे के कसम खिअवनी ।

वडा अध्यक्ष लालबाबु प्रसाद यादव के अध्यक्षता मे भइल घोषणा सभा मे नेपाल रेडक्रस सोसाइटी पर्सा के सभापति फुलमहम्द मियाँ, सखुवा प्रसौनी गांवपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत शेरे मुस्तुफा, युएन हैविटाटका जिल्ला संयोजक सरोज चौरसिया, बिकास नेपाल के कोषाध्यक्ष बिधयाराज भण्डारी लगायत के लोग मन्तब्य रखले रहे ।

६ सय ६७ घर दुरी रहल वडा के सब घर मे सिप्टी बनला के साथे प्रयोग मे समेत आगइला पर खुल्ला पैखान मुक्त वडा जिल्ला स्तरिय खानेपानी, सरसफाई तथा स्वच्छता समन्वय समिति के निर्णय अनुसार घोषणा कइल गइल खुल्ला दिसामुक्त अभियान कार्यक्रम संचालन कइल संस्था बिकास नेपाल जनइले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here