पर्सा के ६ जने समेत १८ जने में कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज, ६ कुवार ।
पर्सा आ बारा में १८ जने में कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा। दुनू जिल्लन के अनेकन स्थान से आईल तिन सय जने के स्वाब के नमुना के पिसिआर प्रविधि मार्फत परिक्षण कइला पर १८ जने में संक्रमण पुष्टि भइल बा ।
नारायानी अस्पताल के प्रवक्ता डा. अतुलेशकुमार चौरसिया के देहल जानकारी अनुसार चार महिला सहित १८ जने में संक्रमण पुष्टि भईल मध्ये पथलैया में कार्यरत दु जने सशस्त्र प्रहरी बल कर जवान समेत रहल बा लोग ।
बढ़ल १८ जने संक्रमित मध्ये ६ जने पर्सा जिल्ला के बासिन्दा बा लोग बाकी १२ जने बारा जिल्ला के रहल बा लोग ।
पर्सा के वीरगञ्ज महानगरपालिका वडा नम्बर १ आ १४ मे एक/एक जने, सखुवापर्सौनी के वडा नम्बर २ में एक जने आ वीरगञ्ज जे ही पर वडा मालूम ना भइल तिन जने में संक्रमण पुष्टि भईल डा. चौरसियाले बतवले ।
उ बारा जिल्ला में बढ़ल संक्रमित मध्ये दु जने सशस्त्र प्रहरी बल कर दु जने प्रहरी जवान समेत रहल बा लोग जानकारी देहले। ओइसे ही जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका के अनेकन वडा के ८ जने, मोत्तिसर आ कट्टीपर्सा के एक/एक जने में संक्रमण देखल गईल बा ।
बढ़ल संक्रमित में १२ साल के लइका से ले के ८५ साल के वृद्ध समेत रहल बा लोग ।

