पर्सा जिल्ला के बिकास के खातिर पोखरिया मे आयोजित बृहत गोष्ठि पुरा

170

पोखरिया, १७ बईशाख ।
पर्सा जिल्ला के बिकास के खातिर एतवार के पोखरिया नगरपालिका द्वारा पोखरिया मे ही आयोजित एक दिने वृहत गोष्ठि पुरा भईल बा । श्री रामदेव प्रसाद माध्यमिक बिद्यालय, पोखरिया मे पर्सा जिल्ला के बिकास के खातिर विकास के अजेन्डा प्रस्तुत करे लाय आयोजित एक दिने गोष्ठि मे सहभागि बक्ता लोग कानुन आ श्रोत के अभाव से स्थानिय तह संचालन मे समस्या आईल बतइले बारे लोग ।

पर्सा के निर्वाचित जनप्रतिनिधि सब के संगठित करके समृद्ध पर्सा के खातिर सुरु भईल अभियान अन्तर्गत आयोजित कार्यक्रम मे जनप्रतिनिधि सब कानुन, श्रोत आ कर्मचारी के असहयोग के कारण स्थानिय सरकार संचालन मे समस्या भईल बात रखलख लोग ।

पोखरिया नरपालिका के प्रमुख दिपनारायाण रौनियार के अध्यक्षता मे आ पूर्व मन्त्री समेत रहल सांसद लक्ष्मणलाल कर्ण के प्रमुख आतिथ्यता मे कार्यक्रम भईल रहे । गोष्ठि मे समृद्ध पर्सा बिकास के संयोजक सांसद हरिनारायण रौनियार समृद्ध के खातिर २३ बुंदे एजेन्डा प्रस्तुत कईल गईल रहे ।

रौयिनार से पर्सा जिल्ला अन्तर्गत के सब गाउँपालिका आ नगरपालिका सब मे एक किसिम से काम करे परेके एजेन्डा प्रस्तुत कईल गइल रहे । रौनियार पर्सा के समृद्ध के खातिर निर्वाचित स्थानिय तह के जनप्रतिनिधि, प्रदेश सभा सदस्य आ प्रतिनिधि सभा सदस्य के मिल्ले के बिकल्प ना रहल धारणा राखल गईल रहे ।

कार्यक्रम मे प्रदेश सभा सदस्य प्रहलाद गिरी, मन्जुर अंसारी, करीमा बेग्म, रमेश पटेल, भिमा यादव, वीरगंज महानगरपालिका के मेयर बिजय सरावगी, पोखरिया नरपालिका के उप प्रमुख सल्मा खातुन, प्रमुख जिल्ला अधिकारी लगायत पर्सा जिल्ला के अनेकन गाउँपालिका, नगरपालिका के प्रमुख आ संचारकर्मी लोग के भी सहभागिता रहल बात पोखरिया नगरपालिका के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत नथु साह बतईनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here