पर्सा जिल्ला के ४२ औं खुल्ला दिसामुक्त पकहा मैनपुर गावंपालिका के लहावरथकरी घोषणा

96

बीरगंज, ५ चैत
पर्सा जिल्ला के ४२ औं खुल्ला दिसामुक्त साबिक गाबिस लहावरथकरी आजु घोषणा भइल बा । खुल्ला दिसामुक्त तथा पूर्ण सरसफाई उन्मुख घोषण सभा के आयोजा कर के पकहा मैनपुर गावंपालिका के वडा नं. ४ लहावरथकरी के खुल्ला दिसामुक्त घोषणा कइल गइल ह । वडा स्तरिय खानेपानी सरसफाई तथा स्वच्छता समन्वय समिति पकहा मैनपुर गा.पा. ४, लहावरथकरी के आयोजना मे भइल घोषणा सभा मे कार्यक्रम के प्रमुख अतिथी नेपाली काङग्रेस के केन्द्रिय सदस्य पूर्व मन्त्री अजय चौरसिया लहावरथरकरी के खुल्ला दिसामुक्त घोषणा कइनी ।

कार्यक्रम मे गावंपालिका प्रमुख बिजय चौरसिया से वडा बासी लोग खुल्ला पैखाना, पेसाव ना करे के प्रतिबद्धता समेत करावल गइल रहे । वडा अध्यक्ष ढेरी यादव के अध्यक्षता मे भइल घोषणा सभा मे जिल्ला खानेपानी तथा सरसफाई डिभिजन कार्यालय, पर्सा के प्रमुख धर्मेन्द्र केशरी, जिल्ला समन्वय समिति, पर्सा के प्रतिनिधि सामाजिक बिकास अधिकृत धर्मराज थापा, गैसस महासंघ नेपाल, पर्सा के अध्यक्ष छठु साह, पकहा मैनपुर गा.पा. वडा नं. २, सुर्जाहा के वडा अध्यक्ष बृजमोहन पाण्डे, वडा नं. ५ के वडा अध्यक्ष लेखमन पटेल लगायत के लोग मन्तब्य राखले रहे लोग त नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के सचिव युवराज खडका, नेपाल रेडक्रस सोसाइटी पर्सा के बिरेन्द्र राज कडेल लगायत के लोग के सहभागिता रहल रहे । ६ सय ३६ घरदुरी रहे वडा के सब घरदुरी मे चर्पी जडान होके प्रयोग मे अगइला पर जिल्ला स्तरिय खानेपानी सरसफाई तथा स्वच्छता समन्वय समिति, पर्सा के निर्णय अनुसार खुल्ला दिसामुक्त वडा घोषणा कइल गइल नेपाल रेडक्रस सोसाइटी, पर्सा के कार्यक्रम संयोजक उमेश मिश्रा बतइनी ।

घोषण सभा मे ही रेडियो बीरगंज एफ.एम आ कृपा दैनिक पत्रिका मे कार्यरत पत्रकार छठु साह के सम्मान समेत कइल गइल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here