पर्सा जिल्ला मे बाढ़ के अभी तक ले के अपडेट

    186

    वीरगंज, २८ आसार ।

    पर्सा जिल्ला के महानगरपालिका समेत बहुते नगरपालिका आ गांवपालिका बाढ़ के चपेट मे पडल बा । बियफे के रात से लगातार हो रहल बारिस से आइल बाढ़ पर्सा जिल्ला के जनजीवन अस्तव्यस्त बनावला के साथ साथे बहुते कष्टकर बनवले बा ।

    पर्सा जिल्ला के वीरगंज महानगरपालिका – ३० ड्राइपोर्ट – परवानीपुर सड़क खण्ड मे लालपर्सा प्रसोतीपुर जाएवाला रास्ता मे सर्वोतम स्टील कारख़ाना के आगा ३ फिट पानी उपर आईला से आवत जावत बन्द भईल बा । ओइसे ही लालपर्सा प्रसोतीपुर मे भोड़हा नदी के तेज बहाव के कारण पानी ८/१० फिट उपर उफान मारत ४/५ गो घर डुबान मे परल बा । यी गाँव मे ११००/१२०० घरधुरी के बस्ती बा ।

    वीरगंज महानगरपालिका – २७ के उदयपुर घुरमी के नाहर आ तिलावे नदी के पानी के बहाव बढला से ५/६ गो घर मे पानी ढुकल बा आ दोसार घर मे भी पानी ढुके के उच्च संभावना रहला के कारण सड़क काट के पानी के निकासी कईल गईल । ओइसे ही वाड नम्बर २४ रामगढ़वा नया बस्ती के १५/२० गो घर मे पानी ढुके के खबर बा

    पर्सा जिल्ला के कालिकामाई गांवपालिका – १ रबीदास गाँव बाढ़ के कारण डुबान मे परे के उच्च जोखिम मे रहला से ऊहा सहयोग आ उद्धार खातिर प्रहरी टोली खटावल गईल बा पर्सा प्रहरी जानकारी देहले बा । ओइसे ही वाड नम्बर – १ आ ५ मे दु गो घर भसके के खबर पर्सा प्रहरी बतवले बा ।

    पर्सा जिल्ला के पटेरवा सुगौली गांवपालिका – ५ निचुटा के मोर टोला मे कुछ घर डुबान मे परला से सहयोग आ उद्धार खातिर प्रहरी टोली भेजल गईल बा पर्सा पर्सा प्रहरी जानकारी करवले बा ।

    जिल्ला पर्सा पर्सागढ़ी नगरपालिका – १ के स्थानीय मेघराज पटेल के बेटा अंदाजन १० साल के निखिल पटेल सिङीहाई नदी मे लकड़ी छाने के कोशिश करत बेरा बाढ़ मे दाहा गईले । प्रत्यक्षदर्शी लोग उनका के छान के इलाज खातिर गंडक अस्पताल वीरगंज लियाइल तब ले रास्ते मे उनकर मृत्यु हो गईल रहे ।

    परवानीपुर के नाया बस्ती के १५/२० गो घर मे पानी ढुकल के खबर पर्सा प्रहरी जानकारी देहले बा । ओइसे ही पर्सा के जगरनाथपुर गांवपालिका के वाड नम्बर ४ कदमीया टोला मे २५ गो घर मे बाढ़ के पानी ढुकल बा । ६ गो घरधुरी वाड अध्यक्ष के आश्रय मे रह रहल बा लोग जानकारी मिलल बा ।

    पाकहामैनपुर गांवपालिका के सबैठवा मे कांग्रेस पार्टीके वाड कार्यालय बाढ़ के पानी ढुकल बा । ओइसे ही पाकहामैनपुर गांवपालिका वाड नम्बर -१५ मे १५ गो घर मे बाढ़ के पानी ढुके के खबर बा ।

    छिपहरमाई गांवपालिका भिस्वा के के मुख्य सड़क पर बाढ़ के २ फिट पानी के खबर मिलल बा । ओरिया नदी आ सिकटा नदी उफान पर भइला से बाढ़ के पानी गाँव कु दुनु ओर से घेर देहला से गाँव से बाहर आवत जावत बन्द भइल बा । छिपहरमाई गांवपालिका के लगभग सारा गाँव बाढ़ के चपेटा मे पडल के खबर बा ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here