पर्सा जिल्ला मे मानव अधिकार उल्लंघन के घटना बढल तथ्यांक सार्वजनिक

50

विमला गुप्ता
वीरगंज,२१ असाढ

मानव अधिकार के क्षेत्र मे काम कररहल अनौपचारीक क्षेत्र सेवा केन्द्र इन्सेक पर्सा सन् २०१९ जनवरी से जुन ६ तारीख तक के ६ महिना के अद्र्धवार्षिक प्रतिवेदन सार्वजनिक कईले बा ।

नेपाल मानव अधिकार वर्ष पुस्तक २०२० प्रकाशन से पहिले अद्र्धवार्षिक समिक्षा गोष्ठि मे पर्सा के संयोजक केसी लामिछाने प्रतिवेदन सार्वजनिक करत पर्सा जिल्ला मे पछिल्लका समय बालात्कार,अपहरण आ हत्या के घटना मे बढोत्तरी भईल खुलस्त कईनी ।

सार्वजनीक कईल प्रतिवेदन के अनुसार वितल जनवरी से जुन तक मे पर्सा ३९ गो घटना मे ४४ जना पीडित रहल । जेहमे बलात्कार के घटना सब से बेसि रहल बा ।

प्रतिवेदन अनुसार १८ वरीष से निचे के उमीर के १२ गो नाबालिक लईकी के बालत्कार भईल १८ वरीष से उपर के लईकी पर ५ गो ऐसन का घटना भईल । जेहमे १८ वरीष से निचेके लईकी पर १ गो बलात्कार के प्रयास भईल आ एहि उमीर के ३ गो नाबालिक लईकि बेचबिखन के घटना मे पडली ।

एहितरे बहुवियाह के ४, कर्तब्य ज्यान के ६, अपहरण के ५ ,घरेलु हिंसा के १, अनिच्छिुक गर्भपतन के २ गो करके कुल ३९ गो घटना ६ महिना के भितर भईल बा । जेहमे से बलात्कार के घटना ४ गो आरोपी कानुन के दायरा मे नआके फरार रहल इन्सेक के प्रतिवेदन मे खुलस्त कईल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here