पर्सा प्रशासन द्वारा प्याज के दाम निश्चित, बहुती दाम में बेचेवाला के होइ कारवाही

 पर्सा प्रशासन द्वारा प्याज के दाम निश्चित, बहुती दाम में बेचेवाला के होइ कारवाही

वीरगंज, ५ कुवार ।

भारत प्याज के निर्यात में रोक लगइला के बाद नेपाल में प्याज के कृत्रिम अभाव सृजना कर के महँग दाम में बेचरहल व्यवसायी के पर्सा प्रशासन कारवाही शुरू कइले बा ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा प्याज के कालाबजारी करेवाला व्यवसायीयन के कारवाही कइला साथ दाम भी निश्चित कइले बा । बजार अनुगमन के क्रम में प्याज सिंचित कर के बहुती दाम में बेच बिखन करत कमी सृजना करे के क्रम बढ़ला के बाद प्रशासन प्याज के दाम निश्चित कइले बा ।
सामुदायिक सेवा केन्द्र तथा सामुदायिक प्रहरी सेवा केन्द्र के आज बइठल बइठक वर्तमान समय ख़ातिर प्याज के थोक दाम प्रति केजी ६५ आ खुद्रा दाम प्रति केजी ७५ रुपैया निश्चित भईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जानकारी करवले बा ।
निश्चित दाम से ज्यादा पैसा ले के बिक्रि वितरण कईल मालूम भईला पर कानुनन कारवाही भी होइ प्रशासन चेतावनी देहले बा ।
संघहि आलु, प्याज समेत के खाद्य पदार्थहरु के कालाबाजारी करत भेंटाइला पर प्रशासन कार्यालय में नालिस करे के भी निहोरा कईल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *