The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

पर्सा प्रहरी द्वारा अबैध समान बरामद, पोखरिया के अबैध दारू भट्टी नष्ट

बीरगंज, २४ जेठ ।

पर्सा प्रहरी अबैध रूप से संचालित दारू के भट्टी नष्ट कईला के साथे अबैध काठ आ अनेकन दोसार समान बरामद कईलख । पोखरिया नगरपालिका के वाड नम्बर ८ आ ९ मे अबैध तरीका से चल रहल चार गो दारू के भट्टी नष्ट कईला के साथे दारू बनावे खातिर प्रयोग हो रहल कच्चा दारू १४०० लीटर नष्ट कईले बा । दारू के भट्टी से ९ गो खाली ड्रम, १०० किलो मिठ्ठा (सकर ), ४ गो छोट बा बड़का दारू बनावे वाला मसिन, १ गो ग्यास सिलिन्डर आ एगो ग्यास चुल्ही बरामद कर के पोखरिया प्रहरी कार्यालय मे लियावल गईल ।

गैरकानून भारत से नेपाल आ नेपाल से भारत ले जात समान प्रहरी पकडले बा । बीरगंज वाड नम्बर १६ भारत से नेपाल लियावल जा रहल २० गो कुर्ता सुरुवाल आ ७५ गो स्टील के छिपा प्रहरी पकडले बा । ओइसे ही नागवा के रेलबे रोड पर प्रहरी चेक जांच करत रिक्सा पर प्लास्टिक के छोट आ बढ़ २२ गो पाकिट मे स्टील के फ्रेम आ १४ बण्डल पतरका तार नेपाल से भारत लेजात पकडले बा । नेपाल से भारत लुका के लेजात १० किलो मारीच भी पर्सा प्रहरी पकड़ के प्रहरी कार्यालय लिया के आगा के खोजतलास आगा बढ़वले  बा ।

बीरगंज महानगरपालिका के वाड नम्बर २७ रामपुर मे साइकिल पर लियावत ६ फिट लामा आ ८ इंच चौड़ा साल के गोलीया १ गो साइकिल सहित पकड़ले बा । पटेरवा सुगौली गांवपालिका २ बैजनाथपुर चौक पर ३ फिट लाम आ ४० इंच मोट ३ गो सखुवा के गोलीय साईकिल सहित प्रहरी नियन्त्रण मे ले के संबन्धित कार्यालय मे भेजले बा ।

प्रतिकृया
Loading...