पर्सा मिलन केन्द्र काठमाण्डू द्वारा वीरगंज के एसिड पीड़ित के पीड़ा मे एक्बाद्द्ता कार्यक्रम

307

काठमाण्डू, ४ कुवार ।

पर्सा मिलन केन्द्र काठमाण्डू वीरगंज के एसिड अटैक पीड़िता मुस्कान आ उनकर परिवार के पीड़ा मे एक्बाद्द्ता जनवले बा । काठमाण्डू के माइती घर मण्डला मे अनेकन किसिम के प्लेकार्ड एसिड पीड़िता मुस्कान के पीड़ा मे एक्बाद्द्ता जनावत जल्दी से जल्दी स्वास्थ्य लाभ के कामना कईले बा ।

पर्सा मिलन केन्द्र द्वारा आयोजित यी एक्बाद्द्ता कार्यक्रम मे पर्सा मिलन केन्द्र के सम्पूर्ण सदस्य लोग समेत अनेकन समाज सेवी लोग के भी उपस्थिती रहल । “वीरगंज के बेटी एसिड पीड़ित मुस्कान खातून आ उनकर परिवार के पीड़ा मे एक्बाद्द्ता जनावत जल्दी से जल्दी स्वस्थ्य लाभ के कामना करतबानी” लिखल ब्यानर के साथ अनेकन किसिम के प्रस्तावित प्लेकार्ड के साथ पर्सा मिलन केन्द्र के सदस्य लोग के उपस्थिती देखल गईल ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here