पर्सा मिलन केन्द्र काठमाण्डू द्वारा एसिड पीड़िता के आर्थिक सहयोग

518

वीरगंज, १४ काठमाण्डू

पर्सा मिलन केन्द्र काठमाण्डू एसिड पीड़िता मुस्कान खातून के आर्थिक सहयोग कईले बा । पर्सा मिलन केन्द्र वीरगंज के एसिड पीड़िता मुस्कान खातून से कीर्तिपूर अस्पताल मे भेट कर के उनका परिवार के आर्थिक मदत कइलख ।

पर्सा मिलन केन्द्र के सदस्य प्रदीप कुशवाहा आपन वीरगंज से टेलिफोनिक बतकही करत आर्थिक सहयोग के बारे मे जानकारी करवनी ।

पर्सा मिलन केन्द्र काठमाण्डू से अनेकन सामाजिक कार्य करे मे हरदम तैयार रहेला आ एकरा से पहिले भी एसिड पीड़िता मुस्कान खातून खातिर काठमाण्डू के माइति घर मांडला मे एसिड पीड़िता खातिर कार्यक्रम कर के महिला सुरक्षा प्रति सरकार के ध्यानकर्षण करावत सभे कोई के एसिड पीड़िता मुस्कान खातून के मुस्कान लौटावे लाय सभे कोई से आर्थिक मदत के भी निहोरा कईले रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here