पर्सा मिलन केन्द्र काठमाण्डू के १७ औ साधारण सभा सफलता पूर्वक सम्मापन

191

वीरगंज, १४ भादो ।

पर्सा मिलन केन्द्र के १७ औ साधारण सभा आजू काठमाण्डू मे सफलता पूर्वक सम्मापन भईल बा । पर्सा जिल्ला के ब्यापरी लोग द्वारा २०४८ साल मे स्थापित पर्सा मिलन केन्द्र काठमाण्डू के कालिमाटी ब्यंकेट मे साधारण साभा के आयोजन भईल जहा चुनावी प्रक्रिया से नया कमिटी के छनौट कईल गईल ।

पर्सा मिलन केन्द्र के प्रमुख निर्वाचन अधिकृत हरेराम बराल, निर्वाचन अधिकृत आनन्द गुप्ता आ सुजीत कुमार भुजेल के रहबर मे भइल चुनावी प्रक्रिया मे साधारण सभा के आयोजना कर के नया कमिटी के गठन कईल गईल ।

 साधारण सभा मे बनल नया कार्यसमिति मे अध्यक्ष महेश बहादुर श्रेष्ठ, बरिष्ट अध्यक्ष गोविन्द प्रसाद नेपाल, उपाध्यक्ष बैजु नाथ रौनियर, लक्ष्मी पोखरेल, अमू सिंह सीजापति, महासचिव लालन प्रसाद साह, सचिव किरण कुमारी गुप्ता, कोषाध्यक्ष रेखा कुमारी गुप्ता, सदस्य मे अतौल्लाह अंसारी, ममता कुमारी भुजेल, श्याम किशोर साह, हरी प्रसाद श्रेष्ठ, धन बहादुर थिंग, संध्या स्याङ्ग्बो, प्रदीप कुमार कुशवाहा, मदन प्रसाद कुशवाहा आ सबीता राज कर्णिकार समेत के नया समिति बनल बा ।

पर्सा के ब्यापरी लोग द्वारा स्थापित पर्सा मिलन केन्द्र काठमाण्डू से ही अनेकन सामाजिक कार्य मे बितल बहुते सालन से लगातार सक्रिय भूमिका निर्वाह करत आइल बा । सामाजिक काम के उदेश्य से ही पर्सा वासी लोग काठमाण्डू मे रहते हुवे भी यी संस्था के मार्फत समाज मे सक्रिय रह के अनेकन सामाजिक काम करत आइल बा लोग ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here