पर्सा में एगो मरद द्वारा आपने मेहरारू के चोख हतियार से भइल भिवत्स हत्या

    1434

    बिमला गुप्ता,
    वीरगंज, ३१ सावन ।

    पर्सा में एगो मरद अपने मेहरारू के चोख हतियार से घेट रेट के हत्या कइल समाचार प्राप्त भइल बा ।

    कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नं. ५ सेमरा टोल के रहनियार मुक्तिनारायण पटेल द्वारा आपन मेहरारू ३० बर्षीय संगीता देवी के भिवत्स हत्या कर के फरार रहल गाँव के लोग जानकारी देहले बा । हत्या कइला के बाद मरद सहित परिवार आउर लोग भी भाग गइल बाड़े ।

    मास काटेवाला दबिला से उनकर घेट रेटल गइल स्थानीय लोग बतइले बा । घर में सास आ मृतक संगीता के तीनु बच्चा सब अभिन घर में ही रहल ईलाका पुलिस कार्यलय पोखरिया जानकारी देहले बा।

    मरद बहोत समय से बैदेशीक रोजगारी में रहत रहले आ १ महिना अगाड़ी ही ऊ आपन घर आइल गाँव के लोग जानकारी देहले बा । आजू सझिया ७ बजे घटना के बारे में पड़ोसिया लोग के थाह लागला के बाद पुलिस के खबर कईले रहले ।

    घटना स्थल प पुलिस पहुच के अनुसधान शुरू कर चुकल ईलाका पुलिस कार्यालय पोखरिया के पुलिस निरिक्षक चन्द्र सिंह जानकारी करवले बाड़े ।

    सास काम बिशेष से घर से बाहर रहल आ ऊ घरे अइला के बाद घटना के बारे में पड़ोसी लोग द्वारा बतावल गइल जानकारी में आइल पुलिस बतवले बा ।

    प्राप्त जानकारी के मुताबिक मरद बिदेश से लवटला के बाद से ही घर में हरोजा किच-किच आ झगड़ा होत रहल प्रत्यक्षदर्शी लोग के कहनाम बा।

    ओहि  गांवपालिका के वार्ड नंबर ३ हरिहरपुर में नहियर रहल मृतक संगीता के परिवार के लोग भी घटना स्थल प पहुच चुकल पुलिस जानकारी देहले बा ।

    मृतक संगीता के शव के पोष्टर्मटम के ख़ातिर नारायणी अस्पताल वीरगंज में लियावल गइल पुलिस बतवले बा ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here