पर्सा में कोरोना संक्रमण से फेर एक जने के मृत्यु

 पर्सा में कोरोना संक्रमण से फेर एक जने के मृत्यु

वीरगंज, ११ भादो ।पर्सा में फेरु एक जने के कोरोना संक्रमण के कारण मृत्यु भईल बा । वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल में इलाज हो रहल एक पुरुष के बुध के दिने इलाज के क्रम में ही मृत्यु भईल बा ।
मृत्यु होखे में धोबिनी गावंपालिका वाड नम्बर ३ गुलरिया के ७२ साल के पुरुष रहल बाड़े नारायणी अस्पताल जानकारी करवले बा ।
मृत्यु के बाद उनकर स्वाब संकलन कर के कोरोना परीक्षण खातिर नारायणी अस्पताल के ही प्रयोगशाला में परीक्षण कइला पर नतीजा पॉजिटिव आईल अस्पताल के प्रवक्ता डा. अतुलेश चौरसिया बतवले । बुध के संझिया करीब ६ बजे इलाजरर्थ बृद्ध पुरुष के मृत्यु भईल उ जानकारी करवले ।
उच्च रक्तचाप, दमा, हृदय सम्बन्धी दीर्घ रोगी बृद्ध के श्वाशप्रश्वास में समस्या अईला के बाद उनका के भादो ८ गते नारायणी अस्पताल में भरती करल गईल रहे । अस्पताल में भरना के बाद उनका में निमोनिया के लक्षण भी देखल गईल रहे प्रवक्ता डा. चौरसिया बतवले ।

Digiqole ad Digiqole ad

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *