पर्सा में कोरोना संक्रमण से फेर एगो महिला के मृत्यु

 पर्सा में कोरोना संक्रमण से फेर एगो महिला के मृत्यु

वीरगंज, २९ भादो ।

पर्सा में फेर ऐगो काेराेना भाइरस (काेभिड १९) संक्रमित महिला के मृत्यु भईल बा ।

गण्डक काेभिड अस्पताल में इलाज हो रहल वीरगंज-१० निवासी ५५ बर्षिय महिला के मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल के प्रवक्ता डा. अतुलेश कुमार चाैरसिया जानकारी देहले बाड़े।

प्रवक्ता डा. चाैरसिया के हिसाब से भादो २२ गते काेराेना संक्रमण पुष्टि भईल महिला के आइतबार के दिन के २:५५ बजे इलाज होखत समय मृत्यु भइल बा ।

जर बोखार आ स्वासप्रश्वास में समस्या आइला के बाद अस्पताल भर्ना कईल गईल रहे । महिला के फेफड़ा में फाइब्राेसिस के भी समस्या देखल गईल रहे ।

एकरा संगहि पर्सा में जिल्ला प्रशासन कार्यालय के तथ्यांक अनुसार काेराेना संक्रमण से मृत्यु होखेवालन के संख्या ४३ पहुचल बा ।

 

Digiqole ad Digiqole ad

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *