पर्सा में कोरोना संक्रमण से एक जने के मृत्यु

 पर्सा में कोरोना संक्रमण से एक जने के मृत्यु

वीरगंज, ०५ भादो ।

पर्सा में आजु शुक्रवार के कोरोना संक्रमण के वजह से एक जने के मृत्यु भईल बा ।
वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर १० रानीघाट निवासी ४८ साल के एक पुरुष के इलाज होत समय मृत्यु भईल बा जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जानकारी करवले बा ।
वीरगंज हेल्थ केयर अस्थायी कोभीड अस्पताल में इलाज हो रहल उनकर दिन के १ बजे मृत्यु भईल प्रशासन कार्यालय पर्सा आपन ऑफिसियल फेसबुक मार्फत जानकारी देहले बा ।
सावन ३१ गते स्वाब संकलन भईल आ ३२ गते RT PCR परीक्षण के नतीजा पॉजिटिव आइला पर ओहि दिन से ICU में राख के उनकर इलाज होखत रहे ।
जर, बोखार आ श्वासप्रश्वास के समस्या भईला पर उनका के ICU में भर्ती कईल रहे । उनकर ट्राभल हिस्ट्री कुछ नईखे रहल जिल्ला प्रशासन कार्यालय जानकारी देहले बा ।

Digiqole ad Digiqole ad

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *