पर्सा मे आज ५५ जने मे संक्रमण पुष्टि, संक्रमित के संख्या १६ सय के पार

वीरगंज, 4 भादो ।
पर्सा जिल्ला भर मे आजू ५५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भइल बा । १० महिला सहित ५५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भइल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जानकारी करवले बा ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के अनुसार वीरगंज महानगरपलिका के ३२ जने, धोबिनी गांवपालिका के ३ जने, पोखरिया नगरपालिका के १५ जने आ पकाहामैनपुर गांवपालिका के ५ जने कर के ५५ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भइल बा ।
ओइसे ही पर्सा मे कोरोना संक्रमित के संख्या एक हजार ६ सय ३१ पहुचल बा । संक्रमित मे से १ हजार ३ सय ५ जने पुरुष आ ३ सय ५६ जने महिला रहल बा लोग । संक्रमित होखे मे २२ जने भारतीय नागरिक भी रहल बा लोग जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जानकारी करवले बा ।
अभी तक पर्सा जिल्ला मे एक सय १० जने स्वास्थ्य कर्मी, ८० जने सुरक्षा कर्मी, ६ जने पत्रकार, ८९ जने कैदी, ८४ जने अस्पताल के सफाईकर्मी, गार्ड आ कार्यालय सहयोगी भी संक्रमित भइल बा लोग । अभी तक कोरोना से जंग जीत के ७० महिला समेत ३ सय ३८ जने घर जा चुकल बा लोग ।
सक्रिय संक्रमित मे से २५ जने महिला सहित एक सय ३६ जने आइसोलेसन मे आ २ सय ४ महिला संक्रमित सहित ६२३ जने होम आइसोलेसन मे रहल बा लोग ।
ओइसे ही क्वारेंटाइन मे रहल संकास्पद केश २१ जने महिला सहित १ सय ६ जने रहल बा लोग जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा द्वारा सार्वजनिक तथ्यांक मे लिखल बा । अभी तक १६ हजार ९ सय ९५ जने के स्वाब जम्मा कईल गइल आ ओ मे से ४ सय ७७ जने के रिपोर्ट आवे के बाकी बा प्रशासन कार्यालय जानकारी करवले बा ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय आपन आधिकारिक फेसबुक पेज मार्फत पर्सा मे सार्वजनिक कईल विवरण मे आज ३ सय ९ जने के स्वाब जम्मा भइल जानकारी करवले बा । कोरोना वाइरस संक्रमण के कारण मृत्यु होखेवाला संख्या अभी तक २४ रहल जानकारी करवले बा ।
नारायणी कोभिड़-१९ अस्पताल गण्डक मे ७०, नारायणी कोभिड़-१९ अस्पताल वीरगंज हेल्थ केयर मे एक सय २० आ नारायणी अस्पताल मे २० बेड कर के २ सय १० बेड के आइसोलेसन सेंटर भइला के साथे ४९५ बेड के सेमी आइसोलेसन के व्यवस्था भइल बा जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जानकारी करवले बा ।

