पर्सा मे आत्महत्या करेवाला के संख्या बढ़त, वीरगंज मे फ़सरी लगा के २ जने फेरु कईले आत्महत्या

455

वीरगंज, ०३ जेठ ।

काल्ह बियफे के दिने वीरगंज मे २ जने फ़सरी झूल के आत्महत्या कईले बाड़े । पर्सा जिल्ला मे दिन पर दिन आत्महत्या करेवाला के संख्या बढ़ रहल देखल जा रहल बा ।

वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर २९ मूसैली के शिवपूजन धानुक के बेटा ४० बरिस के रामपुकार महतो धानुक घर से करीब ५०० मीटर उतार पश्चिम मे रहल सीसो के गाछ मे फ़सरी लगा के आत्महत्या कईले बाड़े । ओइसे ही वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर १६ नागवा मे रजनीकान्त के घर मे डेरा ले के रह रहल भारत बिहार प्रान्त के सीतामढ़ी घर भइल अंदाजन ४० बरिस के संजय झा दारू पी के पंखा मे फ़सरी लगा के आत्महत्या कईले बाड़े जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जानकारी करवले बा ।

आत्महत्या के बाद प्रहरी लाश के पोष्टमार्टम खातिर नारायणी अस्पताल भेज के पोस्टमार्टम करा के लाश परिवार के जिम्मा लगवले बा जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जानकारी देहलख । आत्महत्या के वजह का ह पत्ता लगावे खातिर आपन अनुसन्धान के काम आगा बढ़वले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here