रिलायन्स चिनी मिल के लापरवाही के चलते पर्सा के उख खेतेमे सुखता, पत्रकार तक के फोन नईखे लोग उठावत

217

पर्सा, ४ चैत
पर्सा के कालिकामाई गावंपालिका मे उख खते मे ही सुखे लागला पर भी उख किनेके जिम्मा लेहल रिलायन्स चिनी चिनी मिल उख खरिद आदेश (चलान) नईखे दे सकल ।

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका २४, श्रीपुर मे रहल रिलायन्स सुगर एण्ड केमिकल इण्डष्ट्रिज प्रा.लि. के कारण हमनी बरबारद होखेवाला अवस्था मे पुगल पर्सा कालिकामाई गावंपालिका २, गदियानी के कृषक मंसी साह तेली बताईनी । उख खेते मे सुखे लागला पर भी मोबाइल मे आवेवाल उख खरिद आदेश (चलान) अभि तक ना आइला से खेती करे मे लागल लगानी आ मेहनत जिआन होजाए के चिन्ता बढल तेली बतइनी ।

चलान खातिर जेटिए राजन पाण्डे के घरे रोज पुगला पर भी मिले ना सकल दुखड़ा तेली सुनइनी । जादा लगानी आ मेहनत करके नगदे बाली कहेवाला उख खेती त कइल गइल बाक़िर उख खरिदे के जिम्मा लेहल चिनी मिलके चलते उधार बाली भी ना होखेके चिन्ता सता रहल उहाँ के बतइनी । अभी तक चलान ना मिलला के चलते लगानी डुबेके चिन्तासे रात मे निन्द भी ना लाग रहल समेत तेली आपन दुःख सुनइनी ।

फागुन तक काटेवाल अभि तक ना कटला पर आ ग्रमी मौसम शुरु हो गईला से उख खेत मे ही सुखे लागल कृषक लोग बतइले । कालिकामाई गांवपालिका के भेडिहारी, गदियानी, बीरन्चीबर्वा, टिनडोयिबा, पकहा मैनपुर गांवपालिका के सबैठवा, पोखरिया लगायत के क्षेत्र मे उख खेत मे ही सुखे लागल ई क्षेत्रके कृषक लोग बतइले बा ।

बारा, पर्सा के चिनी मिल द्वारा क्षमता से जादा उख खेती करइला से अइसन समस्या आइल रिलायन्स चिनी मिल के कर्मचारी स्रोत जनईले बा । बिगत के बर्ष मे भी अइसन समस्या अइला पर भी रिलायन्स चिनी मिल संचालक कवनों पाठ ना सिखल कर्मचारी स्रोत के प्रतिक्रिया रहल । रिलायन्स चिनी मिलद्वारा भारत से उख खरिद कइला के चलते अभी भी बारा, पर्सा मे उख खेत मे ही बाकी रहल कृषक लोग बतवले बाड़े । ओह लोग के मुताबिक चिनिमेल के संचालक भारत से रात के समय मे अजेन्ट सब मार्फत उख नेपाल मे ढूका रहल बा ।

चिनी मिलके मनपरी, मिल के जेटिए आ कर्मचारी लोग के चलते केहु के समूचा उख चिनी मिल मे चल गइल बा त केहु के अभी तक ऐगुड़ों चलान ना मिले सकल बा । जेटिए सब रकम लेके चलान सिफारिस कर रहल बा त चिनी मिल के कर्मचारी लोग भी चलान पइसा से बिक्री कर रहल कृषक लोग के कहनाम बा ।

उख के खेती प्रति आकर्षण बढला के बादो समय पर उख खरिद करेवाला निकाय ना भइला के चलते कृषक लोग पिडित बनल बा । चिनी मिल उख खरिद आदेश समय पर ना देहला के चलते आ उख खरिद कइला पर भी समय पर भुक्तानी ना कईला के चलते कृषक लोग मार मे पर रहल बाड़े । अइसन समस्या हरेक वर्ष अइला पर भी सम्बन्धित निकाय कुछ ना करे सकल कृषक सब के आरोप रहल बा ।

ई विषय मे चिनिमेल के कर्मचारी लोग के मोबाइल नं. पर सम्पर्क कइला पर केहु फोन नईखे उठावत त केहु मोबाइल बिगाड़ के राखले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here