पर्सा मे घारायसी विवाद के कारण अपने छोट भाई द्वारा जेठ भाई के गोली मार के हत्या

453

वीरगंज, ०३ जेठ ।

पर्सा जिल्ला के जिरभावानी गांवपालिका वाड नम्बर २ बालुवा में अपने छोट भाई के चलावल गोली लागला से जख्मी भईल सेख फारुक के मृत्यु हो गईल बा । बियफे के दिने संझिया ७ बजे दुनु भाई बीच घारायसी विवाद भइला से फारुक के अपने छोट भाई सेख सरजुदिन गोली मार देहले रहले ।

दाहिना कांख के छेदत उनका छाती में गोली लागल रहे । सेख के इलाज खातिर वीरगंज के नारायणी अस्पताल में प्राराम्भिक इलाज खातिर लियावल गईल रहे ।

नारायणी में प्राराम्भिक इलाज के बाद वीरगंज के नेशनल मेंडिकल काऽलेज में रेफर कईल गइल रहे । उहवाँ भी ईलाज सम्भव ना भइला से उनका के काठमाण्डू रेफर कईल गइल रहे । काठमाण्डू ले जाएके क्रम में ही आजू भोर में ३ बजे के करीब उनकर मृत्यु हो गइल ।

अपना भईया के उपर गोली चलावेवाला भाई सेराजुदिन के पेस्तोल आ गोली सहित नियन्त्रण में ले के जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा में राखल गइल बा ।

इलाका प्रहरी कार्यालय पटेरवा सुगौली प्रहरी निरीक्षक आषिश अधिकारी के हिसाब से उनका साथ में नल कटुवा पेस्तोल १ थान, ओमें लागेवाला रीफ़ील गोली ३ थान आ एगो खोका बरामद भईल बा ।

कथी के ले के घारायसी विवाद भइल आ काहे विवाद एतना उग्र रूप ले लेहलख एकरा बारे में आगा के अनुसन्धान हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता नायब उपरीक्षक अन्नतराज शर्मा जानकारी करवले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here