पर्सा मे जहरीला साँप के डसला से एगो औरत के मृत्यु

279

बीरगंज, २५  जेठ ।

साँप के डसला से पटेरवासुगौली गांवपालिका मे एगो औरत के  बियफे के दिने मृत्यु भईल बा ।  पर्सा जिल्ला पटेरवासुगौली गांवपालिका वाड नम्बर ४ के निवासी अंदाजन ५० साल के कलपति देबी के के मृत्यु भईल बा । कलपति देबी के साँप डसला के बाद इलाज खातिर बीरगंज नारायणी उपक्षेत्रीय अस्पताल मे लियावल गईल आ इलाज के ही क्रम मे उनकर देहान्त हो गईल ।

अपने घर के नियरे कौनों काम से गईल रहली ओहि बेरा उनका के जहरीला साँप डसले रहे । जहरीला साँप के डसला के बाद कलपति देबी के बीरगंज नारायणी अस्पताल मे लियावला के बाद भी उनकर जान ना जोगावे सकल गईल इलाज मे सहजोगी डाक्टर जानकारी देहले ।

कलपति देबी के अस्पताल लियावे मे देरी हो गईल रहे आ कौन साँप डसले रहे एकरा बारे मे कौनों जानकारी भी ना होखे सकाल रहे डाक्टर लोग बतवले । देरी के वजह से पूरे देह मे जहर फईल गईल रहे । मृतक महिला के लाश उनका परिवार लोग के जिम्मा दे के भेज देहल गईल बा प्रहरी जानकारी करवले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here