पर्सा मे दु जने मृत अवास्था मे भेंटईले

 पर्सा मे दु जने मृत अवास्था मे भेंटईले

वीरगंज, ०७ भादो ।

पर्सा मे दु आदमी मृत अवस्था मे मिलाल बाडे । पर्सा के पटेरवासुगौली आ ठोरी गांवपालिका मे मिलके दु जने पुरुष मृत अवस्था मे मिलल बा लोग  । सखुवापरसौनी गांवपालिका – ०२ घुसुकपुर निवासी ४७ साल के राजेन्द्र दहित थारु आ ठोरी गाँवपालिका – १ निवासी दीपकनगर के ५९ साल के सन्तु लामा के लाश मिलल बा ।

पटेरवासुगौली गाँवपालिका – २ मे रहल राष्ट्रीय वन के जंगल के भीतर से दलित के लाश मिलल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जानकारी करवले बा । जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजीत कुँवर शनिचर के जंगल गइल ४ जने मे से तीन जने सकुशल घरे वापस आइल आ एक जने मृत अवस्था मे भेटाईले जानकारी देहले ।

मृत्यु के कारण पोष्टमार्टम के बाद ही पता चली प्रहरी नायब उपरीक्षक कुँवर के कहनाम बा । प्रहरी घटनास्थल से जांच मुचुल्का कर के लाश पोष्टमार्टम के खातिर नारायणी अस्पताल भेजल गइल बा । इलाका प्रहरी कार्यालय पटेरवासुगौली के प्रहरी निरीक्षक दीपक चोरवार घटना स्थल के प्रकृति देखला से हाती के ही आक्रमण से मृत्यु भइल जइसन देखाई दे रहल बा जानकारी करवले बाड़े ।

लाश के अगलबगल हाथी के बइठल आ गोबर भी देखल गइल बा’ उ कहले, ‘ मृतक के चेहरा पर घिसियावल के घाव देखल गइल बा । शरीर के दोसर भागन मे चोट लागल के निशान बा । हाथी ही आक्रमण कर के मार देले होई हो सकता ।

ओइसे ही ४ दिन से भुलाइल लामा गाँव के झींगे नदी मे मृत आवस्था मे भेटाइल बाड़े । इलाका प्रहरी कार्यालय ठोरी के हिसाब से ४ दिन पहिले घर से निकलल लामा २ दिन तक स्थानीय लोग खोजले रहे लोग । स्थानीय लोग के खोजला से ना मिलला के बाद शनिचर के इलाका प्रहरी कार्यालय ठोरी मे निवेदन देहले रहे लोग । एतवार के दिने सबेरे च्याउ तूरे गइल स्थानीय उनकर लाश देखला के बाद प्रहरी के खबर कईले रहले ।

गल रहल अवस्था मे नदी मे लामा के लाश मिलल इलाका प्रहरी कार्यालय ठोरी के प्रहरी निरीक्षक अशोक साह जानकारी करवले । घटनास्थल के स्थिति देखला पर संकास्पद ना देखल गइल ताबों घटना के बारे मे अनुसंधान हो रहल बा उ कहले । श्रोत : अनलाइनखबर

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *