पर्सा मे फेरु एगो नाबालिक लड़की के साथे बलात्कार

381

दीपक चौरसिया

पर्सा, ७ चईत

पर्सा मे फेरु आजू एगो नाबालिक लड़की बलात्कृत भईली । विद्यालय से पढ़ाई खतम भईला के बाद घरे आके आपन कपड़ा बदलत १२ बरिस के नाबालिक के घर मे कोई ना भईला के फाइदा उठा के पड़ोस के एगो युवा बलात्कार कईल पर्सा प्रहरी जनवले बा ।

हाल ही मे पटेरवा सुगौली गाउपलिका – ५ निचुटा के  १० बरिस के नाबालिक उपर भईल बलात्कार के घटना के अभिन २ हप्ता भी ना बितले ई दोसर घटना घटल बा । पर्सागढ़ी नगरपालिका-३ झबराहा निवासी १२ बरिस के नाबालिक लइकी के बलात्कार करेवाला स्थानीय सीताराम पौडेल के प्रहरी हिरासत मे लेहले बा ।

बलात्कार के बाद मानसिक आ शारीरिक रुप से अधमरु भईल लड़की आपन माई बाबू घरे आवला के बाद घटना के बारे मे ओह लोग से बतवले रहली । घर के अभिभावक लोग सुनते ही तुरुनते प्रहरी के खबर कईलख आ खबर मिलते ही प्रहरी आरोपी पौडेल के हिरासत मे लेहल पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक डा. गणेश रेग्मी जानकारी करवले ।

पकड़ाईल पौडेल के आगा के करवाही खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के हिरासत मे राखल बा ऊहा के बतवनी । पीड़ित लड़की के बीरगंज के नारायणी उपक्षेत्रीय स्पताल मे शारीरिक जाच करे के थप ईलाज हो रहल बा ।

करीब 20 दिन पहिले भी पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका ५ निचुटा मे १० वर्षीया नाबालिक लड़की ऊपर भी बालात्कार भईल रहे त  ओसे  २ महिना अगाडि सखुवा पर्सौनी गाँवपालिका के कौवा बनकटैया मे भी एक मुस्लिम लईकि उनके समुदायका के ४ जना युवा लोग मिलके सामूहिक बलात्कार कइले रहे लोग ।

नाबालिका आ युवा लईकि लोग पर एक के बाद एक बलात्कार के घटना होरहला पर समाजिक क्षेत्र मे काम करेवाला संस्था द्वारा चिन्ता व्यक्त कईल जाता

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here