पर्सा मे हुलाकी राजमार्ग अन्तर्गत कालिका बानियाँ जेभि के काम तेज, पप्पु सुस्त

303

मेघराज राय
जिराभवानी । २५ माघ,

भारत के सहजोग मे बन रहल हुलाकी राजमार्ग के काम अन्र्तगत पर्सा मे कालिका बानिया जेभी के काम तेजी से हो रहल बा । हुलाकी राजमार्ग पूर्व से पश्चिम तक १ हजार सात सय ९२ किलोमिटर लम्हर हुलाकी सडक बनावे के योजना बा ।

एहितरे कालिका बानिया जेभी जिराभवानी गाँवपालिका के चमरीटोल से ठोरी गाँवपालिका के चौतारी तक के ३० किलोमिटर के ठेक्का कबोल कइले बा । पर्सा जिल्ला मे ठेक्का लेहल पप्पु कन्सट्रक्सन के काम पिंच करेके त बाते छोडि, माटी भरेके काम भी करे नइखे सकल ।

नेपाल सरकार एकरा ओरी कउनो किसिम के ध्यान ना देहला से ठेकेदार पप्पु निर्माण कम्पनी मनोमानी तरिका से काम कर रहल स्थानियबासी के सिकाईत रहल बा । स्थानीयबासीलोग के मुताविक पप्पु ठेकेदार कम्पनी से काम कइल जगह मे भी बढिया आ गुणस्तर वाला सामान ना लगा के काम कर रहल बा । अभी भी पपु निर्माण कम्पनी के कल्भर्ट आ कैयन जगहा मे पुल बनावे के काम अधुरे रखले बा ।

लम्हर समय से चर्चा मे रहल हुलाकी सडक अन्तर्गत पर्सा के सदरमुकाम वीरगंज से चितवन के माडी होत नवलपरासी जिल्ला सदरमुकाम तक जोडेवाला हुलाकी मार्ग मे चार चक्के सवारी साधन चलावे सकेके अवस्था नइखे ।

पर्सा मे पुल बनावे के काम ४५ प्रतिशत पुरा भइला पर भी पप्पु निर्माण के सडक बनावे के काम सुस्त गति मे हो रहल बा । हुलाकी राजमार्ग अन्तर्गत पर्सा मे कालिका बानिया जेभी आ पप्पु कन्सट्रक्सन ३०/३० किलोमिटर के टेन्डर सँकरले बा । पर्सा मे ६० किलोमिटिर हुलाकी सडक बा । ई बरीस बानियाँ निर्माण कम्पनी पुल आ कल्भर्ट के काम पुरा करके लेआउट करत आर्थिक बरीस २०७६ बैशाख से पहिलका १० किलो मिटर पिंच करेके योजना रहल कालिका बानिया जेभी के प्रोजेक्ट मेनेजर उधब सापकोटा जानकारी देहनी ।

हुलाकी राजमार्ग के आउर आयोजना जउना मे हुलाकी राजमार्ग अन्तर्गत पर्सा मे अभी २ करोड से बेसी के छोटा बडका करके ४ गो पुल बन रहल बा । पुल बनावे के अलावा आउर काम माटी भरेके काम भी हो रहल बा । एकरा अलावा हुलाकी राजमार्ग के आउर काम प्रगतियोग्य होखे नइखे सकल ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here