पर्सा मे ४४४ जने ठीक हो के वापस गईले, अभी तक ३१ जने के मृत्यु आ आज फेरु संक्रमित संख्या मे १९ जने के बढ़ोतरी

 पर्सा मे ४४४ जने ठीक हो के वापस गईले, अभी तक ३१ जने के मृत्यु आ आज फेरु संक्रमित संख्या मे १९ जने के बढ़ोतरी

वीरगंज, १० भादो ।

वीरगंज मे आजू एके दिने ६६ जने कोरोना संक्रमण पर बिजय हासिल करत घरे वापस गइल बा लोग । वीरगंज मे रहल दु गो कोभिड़ अस्पताल सेमी आ सामुदायिक आइसोलेसन सेन्टर आ होम आइसोलेसन मे रहल ६६ जने के पीसीआर परीक्षण के नतीजा नेगेटीभ आइला के बाद उ लोग के घरे भेजल गइल बा ।

एकरा संगही पर्सा मे ४ सय ४४ जने अभी तक कोरोना से ठीक हो के घरे जा चुकल लोग । वीरगंज मे अस्थायी कोभिड़ अस्पताल गण्डक, वीरगंज हेल्थ केयर मे संक्रमित लोग के इलाज हो रहल बा । कलवार धर्मशाला, होटल रानी पोखरी समेत सामुदायिक आइसोलेसन सेन्टर आ होम आइसोलेसन मे सांक्रमित के राखल गइल बा ।

अनेकन उमेर समूह के ६६ जने कोरोना से ठीक हो के वापस घरे गइल लोग जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत विनय श्रीवास्तव जानकारी करवले ।

वीरगंज हेल्थ केयर से खाली ३३ जने डिस्चार्ज भइल बा लोग । कलवार धर्मशाला मे रहल १६ जने प्रहरी कर्मचारी भी डिस्चार्ज भइल लोग जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक मनोजीत कूवर बतवले ।

पर्सा मे बुध के दिने १९ जने संक्रमित अउरी बढ़ल बा लोग । एकरा साथे ही संक्रमित के संख्या पर्सा मे १ हजार ९ सय ९८ पहुचल बा । जे मे से सक्रिय संक्रमित के संख्या १ हजार ५ सय ५४ रहल बा । पर्सा मे कोभिड़ के कारण अभी तक ३१ जने के मृत्यु हो गइल बा ।

Digiqole ad Digiqole ad

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *