The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

पर्सा से ९१ हजार भारतीय रोपेया सहित एक जने प्रहरी के हिरासत मे

वीरगंज, १६ आषाढ़ ।

पर्सा से श्रोत ना खुलल ९१ हजार भारतीय रोपेया सहित एक जने पकडाइल बाड़े ।  पकड़ाए मे पोखरिया नगरपालिका वाड नम्बर २ लमरिया निवासी २८ साल के मनोज यादव रहल बाड़े । सशस्त्र प्रहरी बल बॉर्डर आउट पोष्ट अलौ के सशस्त्र प्रहरी नायब निरीक्षक रामशरण पुड़ासैनी के नेतृत्व के टोली उनका के भन्सार से नियन्त्रण मे लेहले बा ।

ना १५ प ५८३८ नम्बर के मोटरसाइकिल पर सवार उनकर झोरा चेकजांच कईला पर सशस्त्र प्रहरी के टोली ९१ हजार नगद भारतीय रोपेया बरामद कईले रहे । ड्यूटी मे रहल सशस्त्र प्रहरी के टोली सीमा क्षेत्र मे भीड़ ना करे खातिर यादव समेत अनेकन आदमी के कहला पर भी यादव भारत से एक आदमी आवता उनका से भेंट कर के वापस आजाएम क़हत सशस्त्र प्रहरी से निहोरा कईले रहले ।

पोखरिया से आपन आदमी भेंट करे आइल उनका के जल्दी से भेंट कर के आवे के अनुमति देहले रहे । पर कुछ देर बाद झोरा के साथ वापस आईला पर चेकजांच कईल गइल आ चेकजांच कईला पर उनका झोरा मे से ५/५ सय के १ सय ८२ थान भारतीय नोट बरामद भइल सशस्त्र प्रहरी जानकारी करवले बा । यादव घरयासी काम खातिर भारत मे रहल आपन रिश्तेदार से ऋण उधार लेहले बानी क़हत दाबी कईले बाड़े ।

बरामद रोपेया आ उनकर मोटरसाइकल समेत उनका के आगा के अनुसंधान खातिर राजश्व अनुसंधान कार्यालय पथलईया भेजल गइल सशस्त्र प्रहरी के एगो अधिकारी जानकारी करवले बाड़े ।

प्रतिकृया
Loading...