पशुबली लेहल/देहल स्वतन्त्रता के बात रहला से पशुबली रोकल मुस्किल – संयोजक सिंह

103

प्रभु यादव, कलैया । सावन, ४

महागढ़ीमाई के मेला जइसे जइसे नियारा आवत जा ता ओइसही मेला में होखेवाला बली पर बारा जिल्ला में बतकही आ अनेकन कार्यक्रम के गतिबिधी भी बढ़ल जा रहल बा ।

शूकरवार के दिन भी कलैया में पशु संरक्षण संवन्धि के एक कार्यक्रम में जिल्ला समान्यव समिति बारा के संयोजक नवल किशोर सिंह पशुबलि देवेवाला भा लेवेवाला व्यक्ति के स्वतन्त्र अधिकार रहला से रोक ना सकल बतवनी । माकिर पशुबलि रोके खातिर पशुबलि देनिहार/लेनिहार के चेतना के विकास कर के येकरा के हटा जा सके पर उहाँ के जोड़ रहे । एकरा खातिर कानूनी सहयोग भी लेवे खातिर पशु संरक्षण के कानून बनावल भी ओतने जरूरी रहल ऊ आगे जोड़नी ।

अन्ध विश्वास मे पर के बलि देवे के आ बलि पश्चात ओकरा के खुल्ला छोडेके काम होरहल बा जवना खातिर पशु संरक्षण करेला कानुन बनावे के परल क़हत स्थानीय तह के निहोरा सिंह कईले ।

कलैया मे पशु कल्याण प्रवर्द्धन तथा सुनिश्चितता खातिर स्थानिय सरोकारवाला सब के भुमिका विषय मे शुक के भइल बतकही कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि रहल संयोजक सिंह कार्यक्रम के सबोधन करत उपोरोक्त बात बतावत आगे कहले ‘पशु सभे केहु पोसेला पालेला माकिर फाइदा रहेला तक ही ओकरा के संरक्षण करेला जब की पशु के लाभ ना होखे के स्थिति भा मृत्यु के बखत भी ध्यान देवे के चाहि।’

महागढ़ीमाई नगरपालीका के मेयर उपेन्द्र यादव गढ़ीमाई के मेला मे बली चढावे खातिर केहु के भी अह्वान ना कईल जाला बालुक खुद ओह लोग आपना स्वइच्छा से पशुबलि देवेला अइसन में लोगन के ना नईखे कह जा सकत, ओहिसे पशु बलि के व्यवस्थित वधशाला मे ही बली देहल पर जादा जोड़ देहल जरूरी बा । व्यवस्थित पशु बलि से आम आदमि पर परेवाला असर से भी बचावल जा सकता, ऊ कहनी ।

करैयामाई गाँवपालीका के अध्यक्ष भुनेश्वर धामी गाँव से अधिक सहर के ठाँव मे पशु छाडा रूप मे मिलेला जवना के कानुन बना के करवाही के दायरा मे लेयावल जाइ तबहि संरक्षण होसके के बतावनी ।

पशु कल्याण संघ के अध्यक्ष स्नेहा श्रेष्ठ के सहजिकरण मे भइल कार्जक्रम मे कलैया उपमहानगरपालीका के मेयर राजेश राय यादव, विसरामपुर गाँवपालीका के अध्यक्ष अमिरीलाल पाल, करैयामाई गाँवपालीका के उपाध्यक्ष चित्ररेखा चौधरी, कोल्हवी नगरपालीका के उपाध्यक्ष सुनैना देवी थरूनी, बारा आ पार्सा के पशु सेवा कार्यालय के प्रमुख डाक्टर रामपरिक्षण साह, डाक्टर मनिष यादव, जिल्ला प्रशासन कार्यालय के प्रशासकिय अधिकृत मुरारी कार्की, नागरीक समाज बारा के महासचिव हिरालाल साह, जिल्ला महिला सशंजाल के अध्यक्ष बबिता जयसवाल लगायत के लोग पशु अधिकार के सम्बन्ध मे आपन आपन विचार रखले रहलन ।

बारा महिला विकास मञ्च के आयोजना आ पशु कल्याण संघ नेपाल के सहयोग मे बतकही कार्जक्रम भइल रहल । आयोजक संस्था के अध्यक्ष कलावती पासवान के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे पत्रकार, सरोकावाला लोग आ स्थानिय तह के जनप्रतिनिधि सब के सहभागिता मे कार्जक्रम सम्पन्न भईल ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here