The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

पहिलका चरण के काम पूरे ना भईल तले कालिका कंस्ट्रक्स्न के दुसरका चरण के काम के जिम्मेवारी

पावरहाउस से सीरिसिया पुल तक के सड़क के अवस्था

बिरगंज, २६ चईत

 

एडीबी, नेपाल सरकार आ बीरगंज महानगरपालिका के संयुक्त लगानी मे बीरगंज मे संचालित “मझौला शहर एकीकृत बातावरणीय सुधार आयोजना” के काम फेरु पूरा ना होखे सकी : दोसरका चरण के काम के ठेकका कालिका कंस्ट्रक्सन के मिलल बा ।

करीबन तीन अर्ब पच्चीस करोड़ के चालू योजना ५ महिना आगाड़ी ही पूरा होखेवाला मे से अभी तक ९० प्रतिशत ही काम पूरा भईल बा । १० प्रतिशत काम अभी पूरा होखे के बाकिए बा । नवम्बर २०१७, २६ तारीख मे तीन चरण म्याद बढ़ावल गईल ओकरा बाद भी आयोजना के काम अभी तक मरम्मत सांभर अवधि के ५ महिना बितला के बाद भी काम पूरा नईखे भईल ।

आयोजना के काम तोकल मिती पर पूरा ना भईला से ठेकेदार कम्पनी के नियामत : दंडित करे के चाहित माकिर एडीबी, नेपाल सरकार आ बीरगंज महानगरपालिका के संयुक्त लगानी मे दोसरका चरण  मे होखे जा रहल सड़क, नाला खातिर २ सय ३५ करोड़ के अउरी योजना के ठेकका कालिका कंस्ट्रक्सन के ही मिलल बा ।

बीरगंज मे एडीबी, नेपाल सरकार आ बीरगंज महानगर के संयुक्त आयोजना मे पहिलका चरण के काम के ठेकका लेवेवाला कालिका कंस्ट्रक्सन आवेवाला दिन मे बीरगंज के कौनों काम ना करे के बतावत आईल रहे । आयोजना के काम करे मे दोसरा जगह के तुलना मे बीरगंज के  पूरा अवस्था कमजोर भईला आ काम करे के असुबिधा भईला के कारण कालिका आगा के दोसार काम ना करे के बतवले रहे । चालू आयोजना मे भी एडीबी, नेपाल सरकार के तोकल समय मे काम पूरा न भईला से दण्ड देवे के डर आ भय से काम छोड़ के जाए के चेतावनी देहत आइल रहे ।

आपन कारण से ना होके महानगर के कारण के करते काम मे ढीला शुसती भइल कालिका कंस्ट्रकासन के कहनाम बा । ओहि से आयोजना के काम ढीला भईला से  दंडित ना करे के बात करते दण्ड कईला पर काम छोड़ के जाए के आ ओकर क्षतिपूर्ति के भरपाई अदालत मार्फत लेवे के चेतावनी देहले। यीहे कारण ह की, एडीबी कालिका के करवाही नईखे कर सकल अभी तक । दुसरका चरण के ठेका ग्लोबल टेंडर भी कालिका के हात मे मिलल बा ।

अधिकारिक पत्र आवे के खाली बाकी बा आइसन जानकारी श्रोत जनवले बा । दुसरका चरण मे पहिलका चरण मे छूटल डुबान क्षेत्र के नाला, पिच सड़क आ सौर्य बती जडान करे के योजना बा । दुसरका चरण मे बाइपास, पिपरा-घण्टाघर, लिंकरोड, राधेमाइ, भिस्वा (कृष्ण प्रणामी क्षेत्र), कवि शिरोमणि टोला, सुंदरमल्ल रामकुमार कन्या मा बि क्षेत्र, मुर्ली टोला आ नहर रोड मे नाला, पिच सड़क बानवे के काम के ठेकका भईल रहे ।

एडीबी के शुरुवाती सर्भे के हिसाब से बीरगंज के पूरा डुबान क्षेत्र के खातिर करीब 9 अर्ब के अनुमान कईल रहे माकिर पहिलके चरण मे सवा तीन अर्ब खर्च हो गईल आ योजना के दुसरका चरण मे 2 अर्ब ३५ करोड़ खर्च हो रहल बा । एकरा बाद ९ अर्ब के टार्गेट पूरा करे खातिर तिसरका चरण के योजना लागू करे भी ओतने संभावना बा ।

बाकी रहल काम पूरा होखे के कवन लक्षण नईखे लउकत

एडीबी द्वारा सञ्चालित मझौला शहर एकीकृत बटवारणीय सुधार आयोजना मे परेवाला पहिलका चरण के बाकी काम पूरा होखे के अभी कौनों लक्षण नईखे लउकत ।

पावरहाउस- सीरिसिया पुल, आदर्शनगर, मुर्ली सड़क, छपकईया क्षेत्र मे पियेवाला पानी के पाईप लाईन के कारण सड़क के पिच बनावे के काम अधूरा बा । आयोजना ब्यावस्थापक शैलेंद्र श्रेष्ठ खानेपानी संस्था क्षतिपूर्ति वापत पौने चार करोड़ रोपेया मांग करता आ एह बिषय पर एडीबी अभईन तकले कौनों निर्णय ना कईला से बाकी काम अधूरा बा बतवले। काम ढीलासुस्ती भईला मे ठेकेदार कम्पनी के कौनों दोष नईखे बतवले।

ब्यावस्थापक श्रेष्ठ अभी तकले 90 प्रतिशत काम पूरा हो गईल बा आ बाकी के १० प्रतिशत सात महिना के भीतर पूरा होखे के सम्भावना कम नजर आरहल बा बतवले। निर्णय ना भइला के कारण आम जनता के दुख पहुचावेवाला काम करत खानेपानी के पाइपलाईन के क्षति पहुचा के काम करे वाला अवस्था नईखे आ क्षतिपूर्ति देवे के चाहे दोसर बिकल्प खोजे के अभी तक निर्णय ना भईला से बाकी काम अटकल बा उनकर कहनाम बा। प्रतीक दैनिक

 

प्रतिकृया
Loading...