पहिलका दिन के एसइई परिक्षा मे पर्सा से २ सय ४५ जना अनुपस्थित, ९ जना जेल से ही परीक्षा देले

146

वीरगन्ज, ८ चैत ।
माध्यमिक शिक्षा परिक्षा (एसइई) २०७४ के पहिलका दिन बियफे के पर्सा मे नियमित अंग्रेजी विषय के परिक्षा शान्तिपूर्ण रुपमे सम्पन्न भईल बा ।

२३ परिक्षा केन्द्र मे संचालित एसइई परिक्षा के पहिलका दिन २ सय ४५ जना छात्र/छात्रा अनुपस्थित रहल जिल्ला शिक्षा कार्यालय पर्सा जनईले बा । एसइई परिक्षा खातिर जिल्ला से ७ हजार १ सय ७५ जना छात्र छात्रा द्वारा आवेदन दर्ता कईला के बाबजुदो पहिलका दिन के परिक्ष मे ६ हजार ९ सय ३३ जना विद्यार्थी मात्र उपस्थित रहे ।

पहिलका दिन के परिक्षा मे एक सय २६ जना छात्र आ एक सय १९ जना छात्रा अनुपस्थित रहल जिल्ला शिक्षा अधिकारी बरखु रजक द्वारा जानकारी देवल गईल रहे । नियमति तर्फ ६९ छात्र, ८७ छात्रा; एक्जामटेड तर्फ ५६ छात्र, ३१ छात्रा आ प्राविधिक तर्फ एक/एक जना छात्र–छात्रा अनुपस्थित रहल शिक्षा अधिकारी रजक बतईले रहनी ।

एसइई परिक्षा खातिर पर्सा जिल्ला के एक एक्जामटेड आ २२ नियमित करके कुल २३ गो परिक्षा केन्द्र निर्धारण कईल जानकारी देत शिक्षा अधिकारी रजक द्वारा परिक्षा के मर्यादित बनावे खातिर २३ जना केन्द्राध्यक्ष, ३५ जना सह–केन्द्रध्यक्ष, २ सय ९८ जना परिक्षा निरिक्षक, १ सय ५४ जना सहयोगि आ ३ सय ४५ जना सुरक्षाकर्मी परिचालन कईल बतवनी ।

जिल्ला मे जारी परिक्षा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी, सुरक्षा निकाय के प्रमुख, जिल्ला शिक्षा कार्यालय के अधिकारी सहित संचारकर्मी लोग स्थलगत अनुगमन कईल जिल्ला शिक्षा अधिकारी रजक जानकारी देहनी ।

इहे बीच मे अनेकन अभियोग मे पक्राव परल ९ जना युवक द्वारा वीरगन्ज कारागार विद्यालय से एसइई परिक्षा मे सहभागि भईल शिक्षा कार्यालय जनवले बा ।

परिक्षा केन्द्र से सय मिटर के भीतर ढुके मे अभिभाव लोग के रोक लगईला पर परिक्षा के मर्यादित बनावे मे मद्दत पुगल जिल्ला शिक्षा अधिकारी रजक के कहनाम रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here