पहिला बेरी सिम्रौनगढ़ के धरती पर होई अंतर्राष्ट्रीय सम्मेलन

151

सिम्रौनगढ़, बारा । फागुन २६

तराई मधेश राष्ट्रीय परिषद आ सिम्रौनगढ़ नगरपालिका के संयुक्त आयोजना में आगामी जेठ ४ आ ५ गते के पहिल सिम्रौनगढ़ अंतर्राष्ट्रीय सम्मेलन २०१८ आयोजित होखे जा रहल बा।

शुक्रवार नगरपालिका कार्यालय में भइल बैठक में परिषद के तरफ से सरोज राय, भरत साह, मणि भूषण झा आ नगरपालिका के तरफ से प्रमुख विजय शंकर यादव के बीच सम्मेलन के प्रस्ताव पर गहन छलफल भइला के बाद उक्त निर्णय लिहल गइल रहे ।

सम्मेलन में पुरातत्व, पर्यटन क्षेत्र तथा इतिहास से सम्बन्धित विज्ञ लोग के नेवतल जाई, तथा सम्बन्धित विषय पर अनुसन्धान कर रहल लोग के भी आह्वान करल गइल बा आपन आपन अनुसन्धान प्रस्तुत करेके ।

टिएमएनसी के सदस्य भरत साह के अनुसार सम्मेलन के निम्नलिखित उद्देश्य रहल बा –

  •  सिम्रौनगढ़ के ऐतिहासिक महत्व के प्रवर्धन तथा अनुसन्धान करेके ।
  • पुरातात्विक विरासत स्थलन के संरक्षण करेके के दिशा में विचार विमर्श करे हेतु सहजता प्रदान करेके तथा एकर प्रयोज्यता आ व्यवहार्यता ला बीध के सुझाव के साथे संरक्षण के कार्यवाही के सुविधा पुगावेके ।
  • सिम्रौनगढ़ के सोहावे वाला पर्यटन संबंधी गतिविधियन पर चर्चा करे लाए, एक पर्यटन केंद्र में सिमरावगढ़ के विकसित करे ला सुझाव। और नेपाल या दक्षिण एशिया के अन्य समान पुरातात्विक स्थलन से पाठ सीखेके ।
advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here