पाँच दिन से बेपाता आदमी के लाश मिलल, शक के घेरा मे पाँच जने पकड़इले

1046

रौतहट, २० माघ ।

बितल ५ दिन से बेपाता भइल एगो युवा के लाश आजू पानी मे छाताइल मिलल । रौतहट इशनाथ नगरपालिका वाड नम्बर ८ मनसरी के २० साल के युवा एतेशामूल हक के लाश मिलल बा । एतेशामूल के लास अकोलवा के अरुवा नदी के पानी मे मिलल ।

नरकटी मे रहल आपन रिश्तेदार के घरे जातानी क़हत १५ गते संझिया घर से निकलल एतेशामूल रस्ते से बेपाता हो गइल रहले । बेपाता भइल एतेशामूल के मोटरसाइकिल राजपुर नगरपालिका के अकोलवा नियरे खेत मे परल लावारीश अवस्था मे मिलल रहे ।

रौतहट प्रहरी एतेशामूल के मोबाइल के कल विवरण निकाल के आगा के खोज तलाश शुरू कइले रहे । कल विवरण के शुरुवाती खोज तलाश मे उनकर हत्या के शक मे दु के लड़की समेत पाँच जने के प्रहरी आपना हिरासत मे लेहले बा, जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के प्रवक्ता डीएसपी नवीन कार्की जानकारी देहले ।

घटना के बारे मे आगा के खोज तलाश जारी बा कार्की जानकारी करवले । लाश पोष्टमार्टम खातिर जिल्ला अस्पताल रौतहट मे भेजल गइल बा प्रवक्ता कार्की बतवले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here