पार्टी नेतृत्व से असहजोग भईल कहत प्रभु साह देहलन प्रदेश अध्यक्ष पद से राजिनामा

155

आस,भादो ३

नेकपा के नेता प्रभु साह प्रदेश २ के अध्यक्ष पद से राजीनामा देहले बाडन । पार्टी अध्यक्ष पुष्पकमल दाहाल प्रचण्ड के साथे आजु बिहनीया जनकपुरधाम में भेट करके साह प्रदेश अध्यक्ष पद से राजीनामा देहलेबाडन ।

प्रदेश अध्यक्ष के रुप में आपना के आगे बढा के हरेक काम में पार्टी के नेतृत्व तह से हि असहजोग तथा चौतर्फी घेराबन्दी के कारण साह अध्यक्ष पद से राजिनामा देहल बुझल गईल बा ।

स्थायी कमिटी सदस्य के प्रवल दाबेदार मानल साह के नाम कमिटी में नारखईला बाद उहाँ असन्तुष्ट बनल बाडन । प्रदेश अध्यक्ष के जिम्मेवारी मिलला बाद भी उहा के भूमिका विहीन बनावल कहनाम बा ।

प्रदेश सदस्य सभन के चयन कईलाबाद अध्यक्ष साह सँगे सल्लाह नाकरके पार्टी सदस्य नाभईल लोग के भी प्रदेश सदस्य बनवलाबाद असन्तुष्ट बढल हवे ।

पार्टी के उपरला निकाय के गलत निर्णय आ निर्देशन के कारण काम करेवाला वातावरण नाभइल साह के सोचाई बा ।

प्रदेश अध्यक्ष के रुप में आपना के आगे बढावल हरेक काम में पार्टी के नेतृत्व तह से हि असहयोग आ चौतर्फी घेराबन्दी भईला के कारण पद से राजीनामा देहल उन्कर कहनाम बा ।

सर्वसम्मत ढङ्ग से चुनाईल जÞिल्ला कमिटी के सपथ ग्रहण कार्जक्रम एवं जनप्रतिनिधि सभन के प्रशिक्षण तक विनाकारण नेतृत्व तह से रोकईला से मन दुखीत भईल उन्कर निकट स्रोत जनवले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here