पार्टी से निलम्बन मे परल सांसद यादव कहले “पार्टी के निर्णय से दुखी बानी, पार्टी भीतर संघर्ष करेम”

176

वीरगंज, ११ आसार ।

अपने पार्टी से निलम्बन मे परल संसद प्रदीप यादव पार्टी भीतर से ही भितरिया संगर्ष करे के बात कहले बाड़े । लातिभिया मे भईल ‘फ्री तिब्बत’ के कर्जक्रम मे अपना पार्टी के बिना खबर कईले सहभागी भईल बिषय मे ६ महिना खातिर निलम्बन मे परल यादव पार्टी के निर्णय स्वीकारत पार्टी भीतरे संघर्ष करे के बात कहले ।

पार्टी के मांग कईल स्पष्टीकरण करण संतोषजनक ना भईल क़हत समाजवादी पार्टी मंगर के दिने यादव ऊपर करवाही करत ६ महिना लाय निलम्बित कईले रहे । संचारकर्मी लोग के बात करत यादव पार्टी के निर्णय हमरा के दुखी बनवले बा बतवले । पार्टी के कारवाही के चिट्ठी अभी ले नईखे मिलल । कारवाही के बात हमरा बिज्ञाप्ति से मालूम चलल ह यादव बतवले । पार्टी के औपचारिक हिसाब से चिट्ठी आवे के परल कहले ओकरा बाद संघतिया लोग से सरसल्लाह कर के आगा बढेम ।

राउर देहल जबाब से पार्टी संतुष्ट ना भईल की ? सावल पर यादव कहले जवाब ठीक से ही देहले बानी । निलम्बन मे परला के बाद भी जनता के काम मे सदैव खटत रहेम बतवले । एक दिन भी जनता आ ससंद के काम से दूर ना रहेम यादव के कहनाम रहल ।

कारवाही भईला के बाद पार्टी छोड़े के बारे मे त नईखी नु सोचत ? सवाल पर कहले पार्टी काहे छोडेम ? पार्टी के भीतर संघर्ष करेम । प्रतिसोध राख़ के कारवाही भईल बा ? सवाल पर उनकर जवाब रहे ‘ उ त अब कारवाही करेवाला से पुछे के पड़ी । पार्टी से पुछे के पड़ी । हम त पार्टी के हाइट बढ़ावे खातिर खटल एगो कार्यकर्ता हई । सब के मालूम बा की पार्टी के हाइट पर्सा जिल्ला बढ़वले बा । तीनु निर्वाचन मे पर्सा जिल्ला मे पार्टी बढ़िया स्थान हासिल कईले बा ।

पार्टी कवन तरीका से निर्णय कईले बा हम अपने दुखी बानी सुन के तबो पार्टी के निर्णय हमरा स्वीकार बा । यदाव पार्टी के निर्णय के स्वीकार करत पार्टी भीतर ही संघर्ष करे के जानकारी करवले ।

जनता के खातिर करत आइल रोज रोज के काम ना रोकल जाई यादव बतवले । स्वतंत्र तिब्बत पक्षधर के कार्यक्रम मे सहभागी होखे यूरोपियन मुलुक लातिभिया पहुचल यादव उ गलती से ऊहा गईले दाबी कईले बाड़े । नाया सांसद भईला से अइसन अवस्था आइल बा यादव कहले ।

कार्यक्रम के बिषय बिना समझले बुझले कार्यक्रम मे सहभागी भईल बिषय मे यादव गलती से कार्यक्रम के शुरुवाती समय मे सहभागी भईनी माकिर कार्यक्रम मे ना त आपन कौनों बात रखनी ना ही कार्यक्रम के स्टेटमेंट मे हम सही कईनी ।

बैशाख २४ से २७ तक लातिभिया के राजधानी रीगा मे स्वतन्त्र तिब्बत पक्षधर सांसद लोग के जमघट मे नेपाल के प्रतिनिधि सभा के सांसद यादव संघे राष्ट्रीय जनता पार्टी के एगो सांसद अकवाल मिया भी सहभागी रहले । उ लोग लातिभिया गईला के बिषय मे प्रतिनिधिसभा के सभामुख कृष्ण बहादुर महरा भी खोजपूछ कईले रहले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here