The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

पिकअप दुर्घटना भईला से २ जने के मृत्यु १४ जने घायल

महोतरी, १८ अगहन ।

पुरुब पश्चिम राजमार्ग के महोतरी के लक्ष्मीनिया मे पिकअप जीप दुर्घटना भईला से दु जने के मृत्यु भईल बा आ १४ जने घायल भईल बा लोग ।

घायल मे से ४ जने के स्थिति चिंता जनक रहला के कारण आगा के इलाज खातिर उ लोग के धरान रिफर कईल गईल आ साधारण घायल भइल १० जने के बर्दिबासमे रहल शुभस्वास्तिक अस्पताल बर्दिबास मे इलाज हो रहल बा ।

पिकअप मे रहल सभे कोई गढ़ीमाई दर्शन आ मेला देख के वापस जा रहल ना २ च ८८५५ नम्बर के सवारी पीकअप अनियंत्रित हो के सड़क से नीचे गिरल रहे । मंगर के रात के गढ़ीमाई से धनुषा जा रहल समय आगे से आरहल ट्रक हेडलाइट डीम ना कईला के चलते गाड़ी अनियंत्रि हो के रोड से नीचे गिरल रहे घायल लोग के कहनाम बा । पीकअप के ड्राइभर इलाका प्रहरी कार्यलय बर्दिबास के नियंत्रण मे बाड़े ।

प्रतिकृया
Loading...