The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

पिच्छला २४ घण्टा मे बढ़ल १८९ संक्रमण, संक्रमित के संख्या पहुचल १४०१

वीरगंज, १७ जेठ ।

स्वस्थ्य मन्त्रालय के हिसाब से बितल २४ घण्टा  मे बढ़ल कोरोना संक्रमित मे से १०९ जने कपिलवस्तु से बा लोग । राष्ट्रीय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला टेकु मे भइल परीक्षण मे ७७ जने कोरोना पॉज़िटिव पुष्टि भइल बा लोग । उ लोग १६ साल से ले के ६० साल तक के उमर के बा लोग ।

ओइसे ही प्रादेशिक प्रयोगशाला रुपन्देही मे भइल परीक्षण मे कपिलवस्तु याहोंधारा के २९ जने के रिपोर्ट पॉज़िटिव आइल बा । संक्रमित मे १५ साल से ५० साल उमर तक के बा लोग । कपिलवस्तु के ही विजयनगर के ३ जने मे भी कोरोना संक्रमण देखल गइल बा । उ लोग २६ से ले के ५२ साल के बा लोग ।

सर्लाही मे १७ जने कोरोना संक्रमित पुष्टि भइल बा लोग । उ लोग १६ साल से ४० साल तक के उमर के बा लोग । सिराहा के ११ आ सप्तरी के ९ जने के कोरोना रिपोर्ट पॉज़िटिव आइल बा ।

धनुषा के ७ जने मे कोरोना संक्रमण पॉज़िटिव पुष्टि भईल बा । उ लोग के उमर २० से ले के ४२ साल तक ब । रौतहट के ६ जने आ महोतरी के ४ जने मे भी संक्रमण पॉज़िटिव पुष्टि भइल बा । ओइसे ही पर्सा परसौनी के १८ साल के पुरुष आ ६० साल के महिला आ बारा हार्दिया के २४ साल के एगो पुरुष मे भी कोरोना पॉज़िटिव के पुष्टि भइल बा ।

दैलेख मे १४ गो कोरोना संक्रमित बढ़ल बा लोग । उ लोग १७ से ५० साल के उमर के बा लोग । दाङ के ५ जने मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भइल बा । बगलाचूली के २७ से ले के ३८ साल के उमर के ४ जने मे आ हापुरे के ३० साल के पुरुष के कोरोना परीक्षण के रिपोर्ट पॉज़िटिव आइल बा ।

संखुवासभा मे २ जने संक्रमित भेटाइल बा लोग । खांदबारी के २३ साल के पुरुष आ पांचखपन के २२ साल के पुरुष मे कोरोना पॉज़िटिव पुष्टि भइल बा । ओइसे ही झापा के ४५ साल के पुरुष आ ललितपुर के २३ साल के महिला मे भी कोरोना पॉज़िटिव पुष्टि के खबर स्वास्थ्य मन्त्रालय जानकारी करवले बा ।

प्रतिकृया
Loading...