पूर्वमन्त्री आ नेपाल के मानवाधिकारवादी आन्दोलन के अग्रज नेता तुलाधर के स्वर्गवास

144

काठमाण्डू, १८ कातिक ।

पूर्वमन्त्री आ नेपाल के मानव अधिकारवादी आन्दोलन के अगुवा नेता पद्मरत्न तुलाधर के इलाज के क्रम मे आजू स्वर्गवास हो गईल ।

तुलाधर कुछ दिन से अस्वस्थ भईला के कारण काठमाण्डू के नर्भीक अस्पताल मे भर्ना रहले । अस्पताल मे इलाज करा रहल तुलाधर के आजू स्वर्गवास हो गईल अस्पताल के डाक्टर लोग जानकारी करवलख लोग ।

तुलाधर भाषा आन्दोलन आ मानव अधिकार आन्दोलन मे ही खाली अपने आप के सीमित ना रख के लोकतन्त्र के आन्दोलन, वाम आन्दोलन मे भी महत्वपूर्ण भूमिका खेल ले रहले ।

नेपाल के शांति पथ पर लियावे मे भी उनकर बहुते महत्वपूर्ण योगदान रहे । तुलाधर के स्वर्गवास से नेपाल के मानव अधिकार आन्दोलन, लोकतान्त्रिक आन्दोलन आ वामपंथी आन्दोलन मे भी अपूर्णिया क्षति भईल बा ।

 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here