पेट्रोलियम पदार्थ के बढ़ल दाम फिर्ता बिरोध कार्जक्रम मे प्रहरी के लाठी चार्ज, बिधार्थी नेता प्रहरी के नियन्त्रण मे

239

बीरगंज, २४ जेठ ।

पेट्रोलियम पदार्थ के बढ़ल दाम फिर्ता करे के मांग करत ने बि संघ पर्सा द्वारा कईल चक्का जाम मे प्रहरी लाठी चार्ज कईले बा । प्रहरी द्वारा बिरोधकर्ता उपर भईल लाठी चार्ज मे जिल्ला अध्यक्ष दिलीप राज कार्की, केन्द्रीय सदस्य सुधीर पटेल आ बिधार्थी नेता बद्रि नाथ तिवारी घाही भईल बा लोग ।

प्रहरी २५ जने बिधार्थी नेता आ कार्यकर्ता लोग के आपना नियन्त्रण मे लेहले बा । प्रहरी के नियन्त्रण मे रहल दिलीप राज कार्की, सुधीर पटेल, बद्रि नाथ तिवारी, मनोज साह, रोशन सिंह, मून राज तिवारी, अरबिन्द दुबे सहित के बिधार्थी नेता लोग पकड़ाईल बा लोग सामाजिक संजाल से पता चलल बा ।

प्रदर्शन मे लाठी चार्ज करेवाला प्रहरी के उपर करवाही के भी मांग भी बिधार्थी नेता कईले बा लोग । बिधार्थी लोग के नियन्त्रण मे लेहले प्रहरी के बिरोध मे जिल्ला प्रहरी के आगड़ी भी बिधार्थी नेता अनेकन नारा सहित जुलूस निकलले बा लोग ।

पेट्रोलयम पदार्थ के बढ़ल दाम फिर्ता के मांग राखत आंदोलनरत नेपाल बिधार्थी संघ के चक्का जाम कार्जक्रम प्रहरी जबर्दस्ती भाड़े के साथ साथे बिधार्थी नेता लोग के पकडले भी बा । आजू माईस्थान चौक मे चक्का जाम करे के कोशिश कईला पर प्रहरी हस्तक्षेप कईले रहे ने बि संघ के अध्यक्ष दिलीप राज कार्की सहित अनेकन बिधार्थी नेता के पकड़ के वाड प्रहरी कार्यालय बिर्ता मे ले गईल प्रहरी जनवले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here