पेट्रोलियम पाइपलाइन जोडेके कार्य शुरु

207

पथलैया, २४ फागुन/
मोतीहारी–अमलेखगंज पेट्रोलियम पाइपलाइन जोडेके कार्य बुध से सिमरा से  शुरु भईल बा । सीमावर्ती शहर रक्सौल से अमलेखगंज तक ३६.२०६ किलोमिटर लम्बा पेट्रोलियम पाइपलाइन विस्तार के जिम्मा मिलल भारतीय कम्पनी लिखिथा इन्फ्रास्टक्चर के प्राविधिक लोग द्वारा पाइप जोडे के काम शुरु भईल बा ।

सिमरा स्थित नेपाल आयल निगम के पेट्रोलियम पाइपलाइन विस्तार आयोजना कार्यालय के प्रमुख शरदकुमार पौडेल पाइप जोडेके काम खतम भइला के बाद जमिन मे गाड़ेके काम शुरु होई  जानकारी देहनी । गड़हा खोनेके वाला मेसीन भारत से आवात बा पाइपलाइन विस्तार कार्य १५ महिना भीतर सम्पन्न कर सकेके लक्ष्य रहल आयोजना प्रमूख पौडेल बतईनि ।

वीरगंज शङ्कराचार्य गेट से वीरगंज के ही गण्डक नहर तक बाइपास रोड के दहिना ओर से आ ओकर बाद त्रिभुवन राजपथ के गण्डक–अमलेखगंज खण्ड मे सडक बावारी ओर से पाइप लाइन बिछावल जाता ।
पथलैया–वीरगंज सडकखण्ड मे निर्माण हो रहल ६ लेन के व्यापारिक हाता भीतर पाइपलाइन निर्माण होखे जारहल से मुआब्जा लगायत दोसर कवनो अवरोध ना रहला से समस्या ना रहल आयोजना प्रमुख पौडेल जानकारी देहनी ।

भारत के बिहार राज्य के पूर्वी चम्पारण जिल्ला के मोतीहारी बजारक्षेत्र से ११ कि.मी. उत्तर ओर सेमरा कहेवाला स्थान पर टर्मिनल पोइन्ट निर्माण कर के उक्त स्थान से अमलेखगंज तक पाइपलाइन बिछावल जारहल बा । हाल मे नेपाल मे ल्यावल गईल पाइप १०.७५ इन्च गोलाइ अउरी ०.२१९ इन्च मोटाइ के रहल आ ई पाइप भारतीय कम्पनी जिन्दल से माटी परीक्षण कर के निर्माण हो रहल आयोजना द्वारा जनावल गईल बा । साभार – प्रतीक दैनिक ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here