The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

पेट्रोल, डिजेल आ मट्टितेल के मूल्य २ रुपैयाँ के दर से घटल

काठमाड़ू, पुस १८

नेपाल आयल निगम द्वारा इन्धन के मूल्य में दु रोपेया कम कईल गईल बा । अन्तर्राष्ट्रिय बजार में मूल्य घटे लागला से आजू रात यानि बुधवार के रात के १२ बजे से नेपाल में हाल के मूल्य से दु रोपेया कम कईल गईल बा ।

‘भारतीय आयल निगम (आईओसी) द्वारा भेजल नायाँ मूल्य सूची अनुसार पेट्रोल, डिजेल आ मट्टितेल के साबिक के खुद्रा मूल्य २ रोपेया के दर से घटावल गईल ,’ निगम के प्रवक्ता बिरेन्द्र गोइत कहनि, ‘नयाँ मूल्य बुधवार रात के १२ बजे से लागू होई।

उनका मुताबिक स्वचालित मूल्य प्रणाली अनुसार नयाँ मूल्य सूची के मुताबिक प्रतिलिटर पेट्रोल के मूल्य १ सय ८ रोपेया , डिजेल आ मटि्टतेल प्रतिलिटर ९५/९५ रोपेया होई ।

निगम द्वारा हवाई इन्धन आ खाना बनावेवाला एलपी ग्यास के मूल्य यथावत् राखल गईल बा ।श्रोत- कान्तिपुर

प्रतिकृया
Loading...