पेट्रोल, डीजल, मट्टीतेल आ ग्यास के दाम बढल

155

काठमाण्डू, २१ भादो ।

नेपाल आयल निगम पेट्रोल, डीजल, मट्टीतेल आ खाना पकावे वाला ग्यास के दाम बढवले बा । आयल निगम संचालक समिति के बईठक मे भईल निर्णय अनुसार पेट्रोल एक लीटर मे १ रोपेया, डीजल आ मट्टीतेल लीटर पर ३/३ रोपया के हिसाब से दाम बढ़ावल गईल बा । ओइसे ही खाना पकावेवाला ग्यास मे एक सिलिन्डर पर २५ रोपेया के हिसाब से दाम बढ़ावल गईल बा ।

नेपाल आयल निगम के प्रवक्ता बिरेन्द्र गोइत के माने त स्वचालित प्रणाली के हिसाब से इंधन के दाम समायोजन कईल गईल बा आ यी नया दाम रातीये से चारुओरिया लागू कर देहल गईल बा । नया दाम के हिसाब से एक लीटर पेट्रोल के दाम अब ११२ रोपेया पहुचल बा । ओइसे ही डीजल आ मट्टीतेल लीटर के ९८/९८ रोपया हो गईल बा । खाना पकावे वाला ग्यास के एगो सिलिन्डर अब १४ रोपेया मे मिली ।

गोईत कहले : पिच्छे के १५/२० दिन मे अन्तराष्ट्रिय बाजार मे पेट्रोलियम पद्धार्थ के दाम बहुते बढल बा आ अमेरिकी डलर के बराबरी मे नेपाली आ भारतीय रोपेया अवमूल्यन भईल बा आ ओहि हिसाब से भारतीय आयल निगम १ सेप्टेम्बर से आपन दाम बढ़ा देहला के करते दाम के के बिश्लेषण कर के ही दाम के समायोजन कईल गईल ह ।

दाम बढ़ावला के बाद भी पेट्रोल एक लीटर मे ३६ पईसा, डीजल आ मट्टीतेल मे ४९ पईसा घाटा ही हो रहल बा निगम बतवले बा । खाना पकावेवाला ग्यास के एक सिलिन्डर पर ३०९ रोपेया ७९ पईसा घाटा बा निगम जानकारी देहले बा । अनलाईन खबर

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here