पोखरिया नगरपालिका में अनिश्चित समय खातिर युवा समाज द्वारा ताला बंदी

223
आंदोलित पोखरिया युवा समाज

पोखरिया,  २१ फागुन

पोखरिया नगरपालिका मे अनुचित रूपसे कर्मचारी नियुक्ति भइल के बिरोध में नगरपालिका कार्यालय में अनिश्चित समय खातिर युवा समाज द्वारा ताला लगावल गईल बा | पोखरिया नगरपालिका द्वारा बिना सुचना कर्मचारी न्युक्त कइल गइल बिारेध मे युवा समाज पोखरिया नगरपालिका कार्यलय के मेन गेट मे अनिश्चत काल के खातिर ताला लगाइले बा । कर्मचारी लोग के न्युक्ति अबैध तरिका से भइल बा जे से सर्वसाधारण नोकरी से बंचित होगईल कह के पोखरिया नगरपालिका के स्थानीय भगवान् दास तत्वा बतइले | नगरपालिका के अईसन निर्णय भ्रस्टाचार के बढ़ावा दी  स्थानीय लोग के कहनाम बा | युवा समाज यी निर्णय के घोर बिरोध जनावत अईसन निर्णय के सशक्त रूप से प्रतिकार करे के चेतावनी देहले लोग |
जेतना जल्दी होखे यी अनुचित न्युक्ति के रोक के उचित तरीका से न्युक्ति करे के ना त एकरा से भी कडा आन्दोलन में जाएके युवा समाज चेतावनी बा | युवा समाज यकरा सहित सात को आपन मांग नगरपालिका के सोझा रख के अनिश्चित कालीन आन्दोलन में उतरल बा लोग | युवा समाज से आबध युवा लोग तालाबन्दी करत पोखरिया बजार   में प्रदर्शन समेत कइले रहे ललोग ।
 
advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here