पोखरिया नगरपालिका मे बीतीय संस्था के संभाब्यता देखत प्राईम बैंक कइलख भ्रमण

160

पोखरिया, १५ बईशाख

प्राइम बैंक के प्रतिनिधि लोग आजू पोखरिया नगरपालिका के भ्रमण कईले लोग । पर्सा के दोसरका सदरमुकाम के रूप मे जानल जाएवाला पोखरिया नगरपालिका मे बीतीय संस्था के संभाब्यता पहिचान करे के उदेश्य से प्रतिनिधि समूह भ्रमण मे आईल पर्सा क्षेत्र न. ३ के सांसद हरीनारायण रौनियर बतवले ।

पोखरिया नगरपालिका के समग्र बिकास के खातिर पोखरिया मे बीतीय संस्था के उपस्थिती आवश्यक बा महसूस करत बैंक के प्रतिनिधि समूह के नगरपालिका भ्रमण खातिर नेवतले रहे रौनियर जानकारी करवले । बैंक के शाखा बढ़ावे खातिर जग्गा आ भवन के स्थिति अवलोकन करे आइल प्रतिनिधि समूह, सांसद हरीनारायण रौनियर , बैंक डेप्युटी जेनेरल मनेजर भाई राजा तुलाधर, मनेजर हेड ट्रिजरी महेश देव पाण्डेय, कर्मचारी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here